गेबांग

विकिपीडिया से
दक्खिन-पच्छिम के कोन से देखले पर गेबांग मंदिर

गेबांग या चंडि गेबांग, इंडोनेशिया में योग्यकर्ता के लगे मौजूद एक ठो हिंदू मंदिर बाटे।[1] ई मंदिर आठवीं सदी में मेदंग राज के राजा लोग द्वारा बनवावल गइल रहल। हालाँकि, एकरे निर्माण के संबंध में कौनों सीधा सबूत नइखे मिलल कि ई कब बनवावल गइल, बाकि एकरे ऊँच चबूतरा के देख के ई अनुमान लगावल जाला की ई स्टाइल 730 से 800 ईस्वी के बीच के हवे।

खोज[संपादन करीं]

1936 में केहू गाँव के आदमी के एक ठो गणेश के मूर्ती मिलल । एकरे बाद इहाँ खोज आ खनाई सुरू भइल आ ई मंदिर मिलल। मंदिर के नाँव, गेबांग गाँव के नाँव पर रखल गइल जवन एकरे नजदीक बाटे। ई मंदिर माउंट मेरापी से निकलल धूर आ राखी में दब गइल रहे। 1937 से 1939 के बीच में एकर मरम्मत कइल गइल।

संरचना[संपादन करीं]

मंदिर के चौकोर चबूतरा 5.25 x 5.25 मीटर के बा आ मंदिर के ऊँचाई 7.75 मीटर बाटे। मंदिर के दुआर पर सीढ़ी ना मिलल, मानल जाला की ऊ लकड़ी के रहल होखी जवन नष्ट हो गइल। मंदिर के दरवाजा पूरुब ओर के बा आ एकरे दुनों बाजू पर ताखा बाने जेह में दहिना वाला में नंदीश्वर के मूर्ती बा। मानल जाला की बायाँ में महाकाल के मूर्ती रहल होखी। मंदिर के अंदर बीच में योनी स्थापित बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Candi, Space and Landscape, Véronique Degroot. pp 278-.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

निर्देशांक: 7°45′05″S 110°24′58″E / 7.751454°S 110.416117°E / -7.751454; 110.416117