क्वबेक

विकिपीडिया से

क्वबेक चाहे कबेक (अंग्रेजी: Quebec /kəˈbɛk/ kə-BEK, कभीकाल्ह /kwəˈbɛk/ kwə-BEK; फ्रांसीसी: Québec [kebɛk])[1]; हिंदुस्तानी उच्चारण क्यूबेक चाहे क्युबेक भी होला) कनाडा के तेरह गो प्रांत आ राज्यक्षेत्र सभ में से एगो प्रांत बाटे। ई रकबा के हिसाब से कनाडा के सबसे बड़ प्रांत हवे आ आबादी के हिसाब से दुसरा सबसे बेसी आबादी वाला प्रांत हऽ (नुनावुट के रकबा एकरा ले बेसी बा बाकी ऊ एगो टेरिटरी हवे)।

अधिकतर आबादी शहरी इलाका सभ में निवास करे ले जे सेंट लॉरेंस नदी के सहारे बसल बाड़ें। एहिजे के सबसे बड़ शहर मॉन्ट्रियल हवे आ एह प्रांत के राजधानी क्वबेक सिटी हऽ। ई बिचला कनाडा क्षेत्र में पड़े ला आ ओंटेरियो एकरे पच्छिम में, न्यूफाउंडलैंड आ लैब्रेडोर एकरे उत्तर-पूरुब में आ न्यू ब्रूंस्विक एकरे दक्खिन-पूरुब में पड़े लें जिनहन के साथे ई जमीनी सीमा साझा करे ला, नुनावुट के साथे एकर तटीय सीमा हवे आ दक्खिन में ई अमेरिका के मेइन, न्यू हैम्शायर, वरमोंटन्यू यॉर्क राज्यन के साथे सीमा साझा करे ला।

इहाँ के ऑफिशियल भाषा फ्रांसीसी हवे आ क्वबेकोइस फ्रेंच एकर लोकल वेरायटी हवे। क्वबेक के अर्थब्यवस्था बिबिधता लिहले बाटे आ पोस्ट-इंडस्ट्रियल इकोनॉमी हवे। एहिजे प्राकृतिक संसाधन सभ भरपूर बाड़ें आ पनबिजली, फारेस्ट्री, खनन नियर क्षेत्रन में संसाधन सभ के भरपूर दोहन भइल बाटे। संस्कृति के क्षेत्र में ई प्रांत साहित्य, कला, फिलिम, टीवी शो वगैरह सभ चीजन खातिर परसिद्ध हवे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. According to the Canadian government, Québec (with the acute accent) is the official name in Canadian French and Quebec (without the accent) is the province's official name in Canadian English "Geographical Names of pan-Canadian significance". Natural Resources Canada. Archived from the original on September 18, 2015.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]