कार्बन डाइआक्साइड

विकिपीडिया से

कार्बन डाइआक्साइड (अंग्रेजी: carbon dioxide; रासायनिक फार्मूला CO2) एगो रंगबिहीन गैस हवे जेकर घनत्व आम सूखल हवा से 60% बेसी होला। एह में कार्बन के एक ठो परमाणु ऑक्सीजन के दू गो परमाणु के साथे डबुल कोवैलेंट जोड़ बनवले होखे ला। ई पृथ्वी के वायुमंडल में प्राकृतिक रूप से पावल जाले आ बहुत अल्प मात्रा में मिले ले। वर्तमान में वायुमंडल में एकर कंसंट्रेशन 0.04% (410 ppm) आयतन के हिसाब से बा, जबकि औद्योगिक जुग के शुरुआत से पहिले ई 280 ppm रहल।[1] एकरे प्राकृतिक स्रोत में ज्वालामुखी, गर्म सोता, गीजर वगैरह बाड़ें आ ई कार्बोनेट चट्टान सभ से पानी आ एसिड सभ में घुले ले। ई पानी में आसानी से घुल सके ले आ एही कारन जमीनी पानी, नदी के पानी, समुंद्र में, ग्लेशियर आ बर्फीली चादर वगैरह में मिले ले। आमतौर पर ई गंध बिहीन होले जबकि बहुत हाई कंसंट्रेशन पर ई तीखा एसिड नियर महँके ले।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Eggleton, Tony (2013). A Short Introduction to Climate Change. Cambridge University Press. p. 52. ISBN 9781107618763.