अंब्रा, पेनंब्राएंटंब्रा

विकिपीडिया से
तीन किसिम के छाहीं, अंब्रा (umbra), पेनंब्रा (penumbra) आ एंटंब्रा (antumbra)

अंब्रा, पेनंब्राएंटंब्रा कौनों छाहीं के तीन गो हिस्सा होलें।[1] जब अँजोर के कौनो स्रोत के सोझा कौनों दूसर अइसन पिंड आ जाला जे अँजोर के रोक के छाहीं बनावे, ओह पिंड के छाहीं के तीन हिस्सा होलें जेह में सबसे अन्हार वाला हिस्सा अंब्रा होला जहाँ तनिको रोशनी ना चहुँपेला[2], दुसरा हिस्सा पेनंब्रा में से देखले पर अँजोर के स्रोत के कुछ हिस्सा भर तोपाइल लउके ला[3], आ छाहीं के सभसे दूर वाला हिस्सा एंटंब्रा होला[4] जहाँ से देखले पर रोशनी के स्रोत के बीचोबीच ओकरा के तोपे वाला पिंड लउके ला बाकी रोशनी के स्रोत पूरा तोपाला ना आ पिंड के चारो ओर गोल चूड़ीदार या अँगूठी के नियर रोशनी लउके ले।[1]

तीनों शब्द अंग्रेजी भाषा के हवें आ इनहन के मूल लैटिन भाषा हवे। इनहन के इस्तेमाल आमतौर पर गरहन के ब्याख्या आ बिबरन देवे में होला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 John Westfall; William Sheehan (19 November 2014). Celestial Shadows: Eclipses, Transits, and Occultations. Springer. pp. 2–. ISBN 978-1-4939-1535-4.
  2.  . "Umbra | Definition of Umbra by Merriam-Webster". Merriam-webster.com. Retrieved 2018-01-10.{{cite web}}: CS1 maint: extra punctuation (link)
  3. "Diagram of Umbra and Penumbra | NASA". Nasa.gov. Retrieved 2018-01-10.
  4. "Eclipse Shadow: What Is the Antumbra?". Timeanddate.com. 2017-02-26. Retrieved 2018-01-10.