कुल लेख के 77.836777098003% हिस्सा आधार लेख के रूप में बाटे।
एह प्रोजेक्ट के बारे में
विकिप्रोजेक्ट आधार लेख में राउर स्वागत बाटे !
कौनों आधार पन्ना एगो अइसन पन्ना या लेख बा जेवन विकिपीडिया पर अभिन ले अपनी शुरूआती स्थिति में बा आ एम्में बिस्तार कइला क जरूरत बाटे। मने कि, अइसन लेख जवन अबहीं ले कौनों ज्ञानकोशीय स्रोत ना बन पवले बा। एकरा में कम से कम एतना बिस्तार के जरूरत बाटे की ई बिसय के बारे में एक ठो शुरूआती जानकारी देवे लायक बन जाय।
ई विकिप्रोजेक्ट अइसने आधार लेख सभ के मैनेजमेंट आ बिस्तार में सुबिधा खातिर बनल बाटे। आईं एकरा बारे में अउरी जानल जाय।
आमतौर पर लोग बहुत छोट लेख सभ में उनहना के बिस्तार के खातिर चिन्हित करे बदे {{आधार}} टैग लगा देला। हालाँकि, भोजपुरी विकिपीडिया पर कौनों लेख में सीधे {{आधार}} टेम्पलेट के प्रयोग से आधार लेख के ना चिन्हित कइल जाला। लेख के बिसय से संबंधित उचित आधार टैग आधार प्रकार के लिस्ट में से बीछ के लगावल जाला।
भोजपुरी विकिपीडिया पर आधार लेख सभ के सही तरीका से बर्गीकरण कइ के रखे के काम विकिप्रोजेक्ट आधार लेख छँटाई के तहत होला।
प्रोजेक्ट के मकसद आ लक्ष्य
एह विकिप्रोजेक्ट मुख्य उद्देश्य बाटे विकिपीडिया पर आधार लेख बनावे, मौजूद आधार लेखवन के ठीक से सहेज के रखल, आ उनहना में बिस्तार करे के इच्छुक लोग के सुबिधा पहुँचावल:
छँटाई
आधार लेखवन के बेहतर तरीका से श्रेणिन में बाँट के रखल
ई निच्चित कइल की आधार लेख श्रेणिन में बराबर बाँटल जांय
आधार श्रेणी सभ के उचित आकार के रखल जाय
मैनेजमेंट
आधार श्रेणी आ आधार टैग वाली टेम्पलेट सभ के रखरखाव कइल
जरूरत पड़ले पर नया आधार टैग बनावल/पुरान हटावल
ई निश्चित कइल की नया आधार टैग उपयोगी होखे आ ओकर उपयोग भी होखे
निर्माण
भोजपुरी विकिपीडिया पर लेख संख्या में बढ़ोत्तरी कइल
ज्ञानकोश खातिर जरूरी बिसय के शीर्षक पर कम-से-कम आधार लेख जरूर होखे
विकिप्रोजेक्ट आधार लेख छँटाई एगो प्रोजेक्ट बाटे जेवना के उद्देश्य भोजपुरी विकिपीडिया पर मौजूद आधार लेखवन के उचित तरीका से छाँट के रखल बाटे जवना से लोग के आप पसंद के बिसय के आधार लेख खोजे आ ओ सभ के सुधार करे में सुबिधा होखे।
कौनों आधार पन्ना एगो अइसन पन्ना या लेख बा जेवन विकिपीडिया पर अभिन ले अपनी शुरूआती स्थिति में बा आ एम्में बिस्तार कइला क जरूरत बाटे। मने कि, अइसन लेख जवन अबहीं ले कौनों ज्ञानकोशीय स्रोत ना बन पवले बा। एकरा में कम से कम एतना बिस्तार के जरूरत बाटे की ई बिसय के बारे में एक ठो शुरूआती जानकारी देवे लायक बन जाय।
आमतौर पर आधार लेख बनावे वाला लोग लेख में सीधे {{आधार}} लिख के टैग क देला। अइसना में ऊ लेख श्रेणी:आधार में चल जाला। एह प्रोजेक्ट के काम अइसने लेख सभ के छाँट के उनहना में सटीक बिसय से संबंधित आधार टैग लगावे के बाटे।
कौनों लेख के उचित आधार श्रेणी में रखे खातिर ओह में से {{आधार}} टैग (अगर पहिले से लगल होखे) हटा के, उदाहरण खातिर, {{भूगोल-आधार}} लगा दीं अगर लेख भूगोल से संबंधित होखे। अगर लेख भारत के भूगोल से संबंधित होखे तब {{भूगोल-आधार}} भी मत लगाईं बलुक {{भारत-भू-आधार}} लगाईं।
अगर लेख आधार न होखे बलुक ओकर बिस्तार हो चुकल होखे तब आधार टैग हटा दीं।
श्रेणी:आधार आदर्श रूप में हमेशा ख़ाली रहे के चाहीं, समय समय पर एके देखत रहीं आ एह में आ गइल लेख सभ के उचित आधार टैग लगा के छँटाई कइल करीं।
छोट पन्ना, नया पन्ना या रैंडम पन्ना प्र जा के अइसन लेख भी मिल सकत बा जवन आधार लेख होखे आ ओह पर कौनों किसिम के आधार टैग न लगल होखे।
मैनेजमेंट
अगर कौनों आधार श्रेणी में ५०० से भी ढेर पन्ना एकट्ठा हो गइल होखे ट ओके रिपोट करीं।
निर्माण
जरूरी बिसय के पन्ना पर लाल कड़ी वाल टाइटिल सभ पर आधार लेख बनावे में मदद करीं।
संबंधित टेम्पलेट सभ
नीचे कुछ टेम्पलेट दिहल बाड़ी जे एह काम आ प्रोजेक्ट से संबंधित बाड़ी:
टेम्पलेट {{WPSS-cat}} के आधार श्रेणी में सभसे ऊपर लगावल जाला। ई अइसन लउकी:
ए श्रेणी के रखरखाव विकिप्रोजेक्ट आधार लेख छँटाई की अंतर्गत होला।
अगर कौनों नया आधार टेम्पलेट आ श्रेणी बनावे के जरूरति बुझात होखे त पहिले इहाँ बताईं सीधे बना मत दीं।
टेम्पलेट {{Stub category}} के इस्तेमाल कौनों आधार श्रेणी के अंदर होला जवना से ई पता चल जाय की ऊ आधार लेख रखे खातिर बाटे। ई अइसन लउकी:
ई श्रेणी अइसन आधार लेख कुल खातिर बाटे जेवन foo से संबंधित होखें। आप एह श्रेणी में मौजूद लेखवन के बढ़ावे में मदद कर सकत बानी। ए श्रेणी में कौनों लेख के रखे खातिर ओ लेख में {{आधार}} की बजाय {{Foo-stub}} जोड़ीं।
This category is for stub articles relating to foo. You can help by expanding them. This stub category is a parent-only category, that is, all stubs within it should be in one of its subcategories, or marked with a template which may eventually have a separate subcategory. To add an article to this category, please use the appropriate template for one of its subcategories.
It has been requested that this stub category be populated.Please add any stub articles that fall within this category to it. Please remove this tag once the category has been populated. This tool can help find stubs that belong in this category.
टेम्पलेट {{Upmerged stub category}} उप्पर की ओर विलय कइल गइल आधार श्रेणी में लगे ले। ई अइसन लउकी:
एह आधार श्रेणी में ऊपरविलय कइल टेम्पलेट बाड़ी सऽ जे एह श्रेणी के इस्तेमाल करें लीं, भले ऊ बेसी सटीक प्रकार बतावत होखे। अगर ऊपरविलय टेम्पलेट आधार बर्गीकरण में इस्तेमाल हो रहल होखे, आप विकिप्रोजेक्ट आधार लेख छँटाई/प्रस्ताव पर जा के एक ठो उप-श्रेणी बनावे खातिर अनुरोध लिख सकत बानी।
टेम्पलेट {{Very large stub}} अइसन श्रेणी में सभसे ऊपर लागी जवना में बहुत ढेर पन्ना हो चुकल होखे। ई अइसन लउकी: