रामनाथ कोविंद: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

विकिपीडिया से
Content deleted Content added
छो Find-replace, replaced: June 20 → जून 20 (4), October 20 → अक्टूबर 20 (5), August 20 → अगस्त 20 (7)
लाइन 147: लाइन 147:
|[[एथेंस]]
|[[एथेंस]]
|16 - 19 जून
|16 - 19 जून
|<ref>{{Cite web|url=http://www.pib.nic.in/Pressreleaseshare.aspx?PRID=1535701|title=President Kovind in Greece; Addresses Indian Community in Greece; Urges Indian Community in Greece to Help Enhance Economic, Cultural and People-to-People Links between the two Countries|access-date=2018-07-11}}</ref><ref name=":4">{{Cite news|url=https://timesofindia.indiatimes.com/india/president-kovind-leaves-on-3-nation-visit-to-greece-suriname-cuba/articleshow/64614050.cms|title=President Kovind leaves on 3-nation visit to Greece, Suriname, Cuba - Times of India|work=The Times of India|access-date=2018-07-11}}</ref>
|<ref>{{Cite web|url=http://www.pib.nic.in/Pressreleaseshare.aspx?PRID=1535701|title=President Kovind in Greece; Addresses Indian Community in Greece; Urges Indian Community in Greece to Help Enhance Economic, Cultural and People-to-People Links between the two Countries|access-date=2018-07-11}}</ref><ref name=":4">{{Cite news|url=https://timesofindia.indiatimes.com/india/president-kovind-leaves-on-3-nation-visit-to-greece-suriname-cuba/articleshow/64614050.cms|title=President Kovind leaves on 3-nation visit to Greece, Suriname, Cuba - Times of India|work=दि टाइम्स ऑफ इंडिया|access-date=2018-07-11}}</ref>
|-
|-
|{{Flag|सूरीनाम}}
|{{Flag|सूरीनाम}}

12:45, 23 जनवरी 2019 तक ले भइल बदलाव

रामनाथ कोविंद
रामनाथ कोविंद
14वाँ राष्ट्रपति, भारत
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
25 जुलाई 2017
प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी
उप राष्ट्रपतिवेंकैया नायडू
इनसे पहिलेप्रणब मुखर्जी
बिहार के राज्यपाल
कार्यकाल
16 अगस्त 2015 – 20 जून 2017[1]
इनसे पहिलेकेशरी नाथ त्रिपाठी
इनके बादकेशरी नाथ त्रिपाठी
राज्यसभा सांसद
कार्यकाल
1994 - 2006
निजी जानकारी
जनम (1945-10-01) 1 अक्टूबर 1945 (उमिर 78)
डेरापुर, संजुक्त प्रांत, ब्रिटिश भारत
नागरिकताभारत
राष्ट्रीयताभारतीय
राजनीतिक पार्टीभारतीय जनता पार्टी
जीवनसाथीसविता कोविंद
संतान
  • प्रशांत कोविंद (बेटा)
  • स्वाती कोविंद (बेटी)
पढ़ाईबीकॉम, एलएलबी
महतारी संस्थाकानपुर विश्वविद्यालय
अकुपेशनवकालत, राजनीति

रामनाथ कोविंद (जनम 1 अक्टूबर 1945) भारत के मौजूदा आ 14वाँ राष्ट्रपति बाने। एकरे पहिले कोविंद बिहार के राज्यपाल[2] आ राज्य सभा में सांसद भी रह चुकल बाने। तारीख 25 जुलाई 2017 के कोविंद भारत के राष्ट्रपति पद के सपथ लिहलें।[3] कोविंद दुसरा अइसन राष्ट्रपति हवें जे दलित समुदाय से आवे लें[4][5][6][7][8][9][10] आ भाजपा के सदस्य हवें।[11][12] ई बिहार के गवर्नर के पद पर 2015 से 2017 ले रहलें।[13]

कोविंद एक ठो दलित नेता हवें आ भारतीय जनता पार्टी के नेता हवें। कोविंद दिल्ली में वकील रहलें। राजनीतिक कैरियर के बात कइल जाय त कोविंद उत्तर प्रदेश राज्य से राज्यसभा में सांसद रह चुकल बाने। 19 जून 2017 के भाजपा अध्यक्ष अमित शाह इनके एनडीए के राष्ट्रपति उमीदवार के रूप में नामित कइल जाए के घोषणा कइलेन।[14][15]

जिनगी

रामनाथ कोविंद के जनम 1 अक्टूबर 1945 के ब्रिटिश भारत के संजुक्त प्रांत (अब उत्तर प्रदेश) के कानपुर जिला (अब कानपुर देहात जिला) में भइल।[2] कोविंद एक ठो दलित परिवार से हवें। कानपुर यूनिवर्सिटी से बीकॉम आ एलएलबी के पढ़ाई कइलें।[2][16]

कोविंद के बियाह 30 मई 1974 के सविता कोविंद से भइल[2] आ इनके एक ठो लड़िका प्रशांत आ एगो बेटी स्वाति बा लोग।[15]

कैरियर

कई लोग मंच पर
बिहार में एक ठो समारोह के दौरान नरेंद्र मोदी के साथे मंच पर कोविंद

वकील

कोविंद वकालत खातिर दिल्ली के आपन करमभूईं चुनलें आ दिल्ली हाई कोर्ट में 1977 से 1979 तक केंद्र सरकार के वकील रहलें। साल 1980 से 1993 तक केंद्र सरकार के स्टैंडिग काउंसिल में भी रहलें।[17][2] कोविंद दिल्ली हाई कोर्ट आ सुप्रीम कोर्ट में 16 साल ले प्रैक्टिस कइलेन आ साल 1971 में दिल्ली बार काउंसिल खातिर नामांकित भइल रहलें।

राजनीति

कोविंद भारतीय संसद के राज्यसभा में दू टर्म खातिर सांसद रह चुकल बाने। उनके राज्य सभा में उत्तर प्रदेश के ओर से चुनल गइल। पहिला सांसद कार्यकाल 1994 में सुरू भइल जे 2000 ले रहल आ दूसरा कार्यकाल 2000 से 2006 ले रहल।[2] अपना 12 साल के सांसद कार्यकाल में ऊ कई ठे संसदीय समीति सभ के अध्यक्ष भी रहलें।

अउरी दूसर नियुक्ती

कोविंद उत्तर प्रदेश के लखनऊ में मौजूद बाबासाहेब भीमराव अंबेडकर विश्वविद्यालय के मैनेजमेंट बोर्ड में शामिल रहलें आ आइआइएम कलकत्ता के बोर्ड ऑफ गवर्नर्स में सामिल रहलें। एकरे अलावा ई यूनाइटेड नेशंस में भारत के प्रतिनिधि के रूप में संबोधिक क चुकल बाने। यूनाइटेड नेशंस के जनरल असेंबली में इनके भाषण अक्टूबर 2002 में भइल।[18]

गवर्नर

तारीख 8 अगस्त 2015 के भारत के राष्ट्रपति द्वारा इनका के बिहार के गवर्नर के रूप में नियुक्त कइल गइल।[19] तारीख 16 अगस्त 2015 के पटना हाइकोर्ट के कार्यबाहक मुख्य जज इकबाल अहमद अंसारी इनके बिहार के पैंतीसवाँ राज्यपाल के रूप में शपथ दियवलें। ई कार्यक्रम पटना के राज भवन में भइल।[20]

भारत के राष्ट्रपति के स्वागत करत राज्यपाल कोविंद 17 अप्रैल 2017 पटना
भारत के राष्ट्रपति के स्वागत करत राज्यपाल कोविंद 17 अप्रैल 2017 पटना

कोविंद के राज्यपाल के रूप में नियुक्ती पर ओह समय तत्काल में मौजूद बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के द्वारा आलोचना कइल गइल। एकर कारन ई रहे की ई नियुक्ती बिहार बिधानसभा चुनाव के कुछे महीना पहिले कइल गइल आ एह नियुक्ती में राज्य सरकार से कवनों सलाह-बारता ना कइल गइल जबकि सरकारिया कमेटी के अइसने रिकमेंडेशन हवे कि राज्य सरकार से सलाह लिहल जाय।[21] हालाँकि, गवर्नर के रूपमें कोविंद के कार्यकाल के तैर्रिफ एगो न्यायिक कमीशन द्वारा कइल गइल जे एह बात के जाँच करत रहल कि बिहार में नाकाबिल अध्यापक लोग के नियुक्ती आ धन के कु-मैनेजमेंट इहँवा के इन्वर्सिटी सभ में भइल बा कि नाहीं। जून 2017 में जब कोविंद के भारत के राष्ट्रपति कंडीडेट के रूप में घोषणा भइल तब जरूर नीतीश कुमार एह बात के समर्थन कइलेन; एह समय ऊ कोबिंद के राज्यपाल के रूप में निष्पक्षता से काम करे के बात पर तारीफी भी कइलेन।[22]

राष्ट्रपति चुनाव

19 जून 2017 के भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष अमित शाह इनके राष्ट्रपति चुनाव, 2017 खातिर नेशनल डेमोक्रेटिक एलायंस (एनडीए) के उमेदवार के रूप में नामांकित करे के घोषणा कइलें।[15] इनके सोझा कांग्रेस पार्टी के समर्थित उमेदवार मीरा कुमार रहली।[23]

तारीख 17 जुलाई के राष्टपति के चुनाव खातिर वोटिंग पूरा भइल आ 20 जुलाई के वोट के गिनती कइल गइल आ रिजल्ट घोषित कइल गइल जेह में कोविंद बिजई घोषित कइल गइलें। 25 जुलाई से कोविंद के कार्यकाल सुरू भइल।

14वाँ राष्ट्रपति

राष्टपति कोबिंद, जस्टिस दीपक मिश्रा के सुप्रीम कोर्ट के चीफ जस्टिस के सपथ दियावे के समय, 28 अगस्त 2017

रामनाथ कोविंद भारत के 14वाँ राष्ट्रपति के रूप में 25 जुलाई 2017 के शपथ लिहलें।[24]

राष्ट्रपति के रूप में बिदेस दौरा

देस इलाका जहाँ गइलें तारीख संदर्भ
2017
 जिबूती जिबूती शहर 3 - 4 अक्टूबर [25][26]
 इथियोपिया अदिस अबाबा 5 - 6 अक्टूबर [27][28][29]
2018
 मॉरिशस पोर्ट लुई 11 - 14 मार्च [30][31]
 मैडागास्कर एंतानारिवो 14 - 15 मार्च [30]
 इक्विटोरियल गिनी मलाबो 7 - 9 अप्रैल [32]
 स्वाजीलैंड म्बाने 9 - 10 अप्रैल [33]
 जांबिया लुसाका 10 - 12 अप्रैल [34][35]
 यूनान एथेंस 16 - 19 जून [36][37]
 सूरीनाम परामारीबो 19 - 21 जून [37][38]
 क्यूबा हवाना 21 - 23 जून [39][40]
 साइप्रस निकोसिया 2 - 4 सितंबर [41]
 बुल्गारिया सोफिया 4 - 6 सितंबर [41]
 चेक रिपब्लिक प्राग 6 - 9 सितंबर [41]

बिबाद

साल 2010 में कोविंद के द्वारा ई कहे जाए के बात कहल जाला कि "इस्लाम आ ईसाई धर्म भारत खातिर अन्यदेशी (एलिएन) बाने" आ ई बात ऊ भाजपा प्रवक्ता के रूप में कहले रहलें।[42][43] आइएएनएस के रिपोर्ट के अनुसार जे हिन्दुस्तान टाइम्स में छपल रहे ई चीज कहे के बात रंगनाथ मिश्र कमेटी के रपट के जबाब में कहल गइल रहे जे सरकारी नोकरी में 15 परसेंट आरक्षण धार्मिक आ भाषाई अल्पसंख्यक लोग खातिर देवे के बात कहले रहल।[44] हालाँकि, ढेर हाल के समय में, ई मुद्दा मीडिया में बहस के बिसय बनल कि का उनके ई कहनाम गलत तरीका से कोट कइल गइल रहे, ऊ वास्तव में ई कहले रहलें कि “इस्लामईसाइयत (कास्ट (जाति) के) नोशन (नेशन ना) खातिर एलिएन बाड़े” जबकि एकरा के "नेशन" समझ लिहल गइल।[45][46]

इहो देखल जाय

संदर्भ

  1. "Press Releases Detail – The President of India". presidentofindia.nic.in.
  2. 2.0 2.1 2.2 2.3 2.4 2.5 "Brief Profile of H.E the Governor of Bihar, Shri Ram Nath Kovind". governor.bih.nic.in (अंग्रेजी में). बिहार सरकार. Retrieved 19 जून 2017. {{cite web}}: Unknown parameter |trans_title= ignored (help)
  3. "Highlights: Ram Nath Kovind takes oath as India's 14th President". The Indian Express. 2017-07-25. Retrieved 2018-10-01.
  4. CNN, Huizhong Wu (20 July 2017). "Man from India's lowest caste elected president". CNN. {{cite web}}: |last= has generic name (help)
  5. "Presidential election: BJP picks Dalit leader Ram Nath Kovind as nominee; Congress rules out consensus". The Indian Express (अमेरिकी अंग्रेजी में). 2017-06-19. Retrieved 2017-06-23.
  6. "Dalit leader Ram Nath Kovind is NDA presidential candidate". theweek.in. Retrieved 2017-06-19.
  7. "BJP picks Bihar governor and Dalit leader Ram Nath Kovind as presidential candidate, Modi dials Sonia". hindustantimes.com (अंग्रेजी में). 2017-06-19. Retrieved 2017-06-19.
  8. "Bihar Governor, Dalit leader Ram Nath Kovind NDA's prez candidate: Shah". deccanchronicle.com (अंग्रेजी में). 2017-06-19. Retrieved 2017-06-19.
  9. "Why NDA chose Bihar Governor Kovind, a Dalit leader, as President nominee". www.business-standard.com. Business Standard.
  10. "Dalit leader Ram Nath Kovind's run from court to Raisina Hills". www.thestatesman.com (अमेरिकी अंग्रेजी में). Retrieved 2017-06-23.
  11. "BJP appoints Dalit governor eyeing backward votes as Owaisi hints at jumping into Bihar fray to woo Muslims".
  12. "Raj Bhavan for man who shunned TV".
  13. Ram Nath Kovind resigns as Bihar Governor (20 जून 2017). "Ram Nath Kovind resigns as Bihar Governor". The Hindu. Retrieved 20 जून 2017.
  14. "रामनाथ कोविंद होंगे एनडीए के राष्ट्रपति उम्मीदवार". dw.com/hi (हिंदी में). डायेच विले. 19 जून 2017. Retrieved 19 जून 2017.
  15. 15.0 15.1 15.2 "रामनाथ कोविंद के बारे में क्या क्या जानते हैं?". bbc.com (हिंदी में). बीबीसी हिंदी. 19 जून 2017. Retrieved 19 जून 2017. {{cite web}}: Unknown parameter |trans_title= ignored (help)
  16. PTI (2017-06-19). "Ram Nath Kovind: A crusader for the rights of weaker sections". The Economic Times. Retrieved 2017-06-19.
  17. "Alphabetical List Of Former Members Of Rajya Sabha Since 1952". rajyasabha.nic.in (अंग्रेजी में). राज्यसभा. Retrieved 19 जून 2017. {{cite web}}: Cite has empty unknown parameter: |trans_title= (help)
  18. "Ramnath Kovind Profile". Outlook (भारतीय अंग्रेजी में). 19 जून 2017. Archived from the original on 27 अगस्त 2017. Retrieved 20 जून 2017. {{cite news}}: Unknown parameter |dead-url= ignored (help)
  19. PTI (8 अगस्त 2015). "Ram Nath Kovind, Acharya Dev Vrat appointed as Bihar and Himachal Pradesh governors". Archived from the original on 27 अगस्त 2017 – via The Economic Times. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  20. "36th Governor of Bihar". indiatoday (अंग्रेजी में). 16 अगस्त 2015. Archived from the original on 17 अगस्त 2015. Retrieved 16 अगस्त 2015. {{cite news}}: Unknown parameter |dead-url= ignored (help)
  21. PTI (19 अगस्त 2015). "PM Modi praises new Bihar Governor Ram Nath Kovind". Archived from the original on 27 अगस्त 2017 – via India TV News. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  22. IANS (19 जून 2017). "Presidential Election 2017: Nitish Kumar praises Ram Nath Kovind, remains mum on party support". Archived from the original on 29 जुलाई 2017 – via First Post. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  23. "Prez Poll: Close to 99% voting recorded, BJP confident of victory for Ram Nath Kovind". DNAIndia. Retrieved 17 July 2017.
  24. "Ram Nath Kovind takes oath as India's 14th President". indtoday.com. 2017-07-25. Archived from the original on 28 July 2017. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  25. "Press Information Bureau". Archived from the original on 5 अक्टूबर 2017. Retrieved 2017-10-04. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  26. "Press Information Bureau". Archived from the original on 5 अक्टूबर 2017. Retrieved 2017-10-04. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  27. "Press Information Bureau". Archived from the original on 6 अक्टूबर 2017. Retrieved 2017-10-05. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  28. "Press Information Bureau". Archived from the original on 6 अक्टूबर 2017. Retrieved 2017-10-05. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  29. "Press Information Bureau". Archived from the original on 6 अक्टूबर 2017. Retrieved 2017-10-05. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  30. 30.0 30.1 "President Kovind meets Mauritius counterpart in Port Louis | DD News". www.ddinews.gov.in (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-03-12.
  31. "President of India reached Mauritius; Addresses students at Mahatma Gandhi Institute; says India's aspiration is for Mauritius to rise as a leading Economy and a voice for peace and stability in the entire Indian Ocean Region". pib.nic.in. Retrieved 2018-03-12.
  32. Roche, Elizabeth (2018-04-05). "President Ram Nath Kovind to visit Africa in bid to bolster ties". https://www.livemint.com/. Retrieved 2018-04-13. {{cite news}}: External link in |work= (help)
  33. "President Ram Nath Kovind to reach Swaziland today". The Financial Express (अमेरिकी अंग्रेजी में). 2018-04-09. Retrieved 2018-04-13.
  34. Chaudhury, Dipanjan Roy (2018-04-05). "President Ram Nath Kovind embarks on third official foreign trip". The Economic Times. Retrieved 2018-04-13.
  35. "President Kovind arrives in Lusaka, accorded ceremonial reception". www.aninews.in (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-04-13.
  36. "President Kovind in Greece; Addresses Indian Community in Greece; Urges Indian Community in Greece to Help Enhance Economic, Cultural and People-to-People Links between the two Countries". Retrieved 2018-07-11.
  37. 37.0 37.1 "President Kovind leaves on 3-nation visit to Greece, Suriname, Cuba - Times of India". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. Retrieved 2018-07-11.
  38. "Address by the Hon'ble President Of India Shri Ram Nath Kovind on the occasion of the International Day of Yoga celebrations in Suriname". pib.nic.in. Retrieved 2018-07-11.
  39. "President of India in Cuba, pays tributes to National Heroes of Cuba to address students at University of Havana". pib.nic.in. Retrieved 2018-07-11.
  40. "President Ram Nath Kovind to visit Greece, Suriname, Cuba". The New Indian Express. Retrieved 2018-07-11.
  41. 41.0 41.1 41.2 "Ram Nath Kovind embarks on 3-nation tour". The New Indian Express.
  42. "Why is India's next president so unknown?". BBC. Archived from the original on 21 जुलाई 2017. Retrieved 20 जुलाई 2017. {{cite news}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  43. "When NDA Presidential pick Kovind said Islam, Christianity are alien to India". The New Indian Express. Archived from the original on 28 जुलाई 2017. Retrieved 20 जुलाई 2017. {{cite news}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  44. "Islam, Christianity alien, so cannot get quota: BJP". Hindustan Times. Archived from the original on 27 अगस्त 2017. Retrieved 20 जुलाई 2017. {{cite news}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  45. "Ram Nath Kovind's 'Islam, Christianity' statement triggers nation vs notion row". Hindustan Times. 27 जून 2017. Archived from the original on 25 जुलाई 2017. Retrieved 24 जुलाई 2017. {{cite news}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  46. "ईसाइयों और मुसलमानों पर कोविन्द के चौंकाने वाले विचार". 20 जून 2017. Archived from the original on 27 अगस्त 2017. Retrieved 24 अगस्त 2017. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)

बाहरी कड़ी

रानीतिक पद
पहिले
केशरी नाथ त्रिपाठी
बिहार के राज्यपाल
2015–2017
बाद में
केशरी नाथ त्रिपाठी
पहिले
प्रणब मुखर्जी
भारत के राष्ट्रपति
2017–अबतक
पद पर वर्तमान