फगुआ: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर
नया आधार लेख |
(कौनों अंतर नइखे)
|
20:04, 9 मार्च 2017 तक ले भइल बदलाव
फगुआ भोजपुरी इलाका में फागुन के महीना में गावल जाये वाला लोकगीत हवे। जाड़ा के बाद बसंत के आगमन के' उछाह आ होली मनावे के तय्यारी फगुआ के गीतन से पता चले ला। बसंत पंचिमी के सम्मत गड़ा जाला आ एही दिन से फगुआ गवाये लागे ला जे लगभग चालीस दिन चले ला, होली के दिन ले।
कुछ अन्य क्षेत्रन में एकरा के फाग भी कहल जाला। होरी आ रसिया गीत भी एही से मिलत जुलत भावना के गीत होलें।
एक ठो खास अर्थ में, झुंड में फगुआ गावत समय अगर केहू कौनों भुलाइल फगुआ के गीत इयाद क के कढ़ा देला त ओकर फगुआ साथी लोग पर चढ़ गइल अइसन कहल जाला, एह तरह के उधारी के दूसर अइसने फगुआ सुना के उतारल जाला, जेकरा के फगुआ दिहल कहल जाला।[1]
फगुआ के गीत अक्सर शृंगार रस के या भक्ति के गीत होलें जेह में राधा-कृष्ण, राम-सीता या शिव पार्वती के बर्णन होला।[2][3]फागुन में फगुआ मनावे के उल्लेख साहित्य में भी कई जगह मिले ला।[4]
संदर्भ
- ↑ Vidyāvindu Siṃha (2003). Sāla bhara parva. Vāṇī Prakāśana. pp. 105–. ISBN 978-81-7055-187-4.
- ↑ Kirana Marālī (1984). Avadhī aura Bhojapurī lokagītoṃ meṃ Rāmakathā. Bhāratī Bhaṇḍāra.
- ↑ Kumārī Vāsantī (1993). Nāgapurī gītoṃ kī chanda-racanā: eka sāṃskr̥tika adhyayana. Kiśora Vidyā Niketana.
- ↑ Rameśacandra Miśra; Tulasīdāsa (1969). Gītāvalī-vimarśa: Tulasī kī kāvyakr̥ti Gītāvalī kī sarvāṅgapūrṇa samīkshā. Navanīta Prakāśana.
बाहरी कड़ी
- कृष्णबिहारी मिश्र, फगुआ की तलाश में, हिन्दी समय पर। टेम्पलेट:Hi icon
ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |