नोटोकॉर्ड: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

विकिपीडिया से
Content deleted Content added
नया आधार लेख
(कौनों अंतर नइखे)

19:04, 5 जनवरी 2016 तक ले भइल बदलाव

नोटोकॉर्ड (अंग्रेजी: Notochord) कुछ जानवरन के शरीर में पावल जाए वाली लचकदार डंडी नियर चीज होला जवन कार्टिलेज के समान पदार्थ के बनल होला। यानि ई हड्डी से कम कड़ा होला बाकी मशल्स से ढेर मजबूत आ कम लचकदार होला। ई कपार से पूँछ की ओर के लंबाई में शरीर के अन्दर पावल जाला।

कुछ जानवरन के शरीर में ई पूरा उमिर भर रहे ला आ कुछ के जीवन-चक्र के कौनों हिस्सा भर में। जवना जानवर के शरीर में नोटो कॉर्ड पावल जाला ऊ जानवर कार्डेटा संघ में गिनल जाला।