हिंदू धर्म: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

विकिपीडिया से
No edit summary
छो सत्यम् मिश्र moved page हिन्दू धर्म to हिंदू धर्म
(कौनों अंतर नइखे)

20:19, 15 सितंबर 2015 तक ले भइल बदलाव

हिन्दुधर्म सनातनधर्म के उपनाम ह। वेद में एकरा के वैदिकधर्मः भी कहल जाला । आर्य सन्त एहि धर्म के आर्यधर्मः के नाम से भी बतवले बाड़े ।

इतिहास

सिंधू नदी के किनारे यी धर्म के उतपत्ति भईल रहे पारसी लोग "स" के उच्चारण "ह" के रूप में करेले जैसे हिन्दुसंस्कृति , हिन्दुराष्ट्र वही प्रकार से महाराज बिक्रमादित्य के सिंधु घाटी के सभय्ता आ धर्म , हिन्दू धर्म के नाम से प्रसिद्ध हो गईल केहु ज्ञानी जन ई माने लें की हिंदू धर्म सिंधु घाटी के सभ्यता से भी पुरान ह | ऋग्वेद के "बृहस्पत्याग" में उल्लेख मिलेला की :

हिमालयं समारभ्य यावद् इन्दुसरोवरं ।

तं देवनिर्मितं देशं हिन्दुस्थानं प्रचक्षते ।।

अर्थात् हिमालय पर्वत से समुद्र तक देवता लोग के हाथ से स्थापित देश के हिंदुस्तान कहल गईल मेरुतन्त्र(शैवग्रन्थ) में कहल बा

हीनं च दूष्यत्येव हिन्दुरित्युच्यते प्रिये।

अर्थात जे अज्ञानता आ हीनता के त्याग करेला ओकरे के हिन्दू कहल जाला माधवदिग्विजय में लिखल बा :-

ओंकारमंत्रमूलाढ्य पुनर्जन्म दृढाशयः ।

गोभक्तो भारतगुरूर्हिन्दुर्हिंसनदूषकः ॥

अर्थात जे ओंकार के मूलमंत्र के जप करेला कर्म में बिस्वास करेला गायी के सेवा ,प्रकृति के सेवा करेला आ हिंसा से दूर रहेला उहे हिन्दू कहाला