मरे नदी

विकिपीडिया से
मरे नदी
Murray River
मरे ब्रिज के लगे मरे नदी के निचला बहाव के हिस्सा
देस ऑस्ट्रेलिया
राज्य न्यू साउथ वेल्स, विक्टोरिया, साउथ ऑस्ट्रेलिया
सहायिका
 - बायें से मिटा मिटा नदी, कीवा नदी, ओवेंस नदी, गोल्बर्न नदी, कैंपास्पी नदी, लोड्डोन नदी
 - दहिने से स्वैंपी प्लेंस नदी, मर्रमबिजी नदी, डार्लिंग नदी
शहर अल्बरी, वोडोंगा, इशूका, स्वान हिल, माइल्डूरा, रेनमार्क, मरे ब्रिज
उदगम Cowombat Flat
 - लोकेशन आस्ट्रेलियाई आल्प्स, न्यू साउथ वेल्स आ विक्टोरिया
 - ऊँचाई 1,430 मी (4,692 फीट)
 - निर्देशांक 36°47′46″S 148°11′40″E / 36.79611°S 148.19444°E / -36.79611; 148.19444
मुहाना मरे मुहाना
 - लोकेशन गूल्वा के लगे, साउथ ऑस्ट्रेलिया
 - ऊँचाई 0 मी (0 फीट)
 - निर्देशांक 35°33′32″S 138°52′48″E / 35.55889°S 138.88000°E / -35.55889; 138.88000निर्देशांक: 35°33′32″S 138°52′48″E / 35.55889°S 138.88000°E / -35.55889; 138.88000
लंबाई 2,508 किमी (1,558 मील)
थाला 1,061,469 किमी2 (409,835 वर्ग मील)
जलनिकास
 - औसत 767 m3/s (27,086 cu ft/s)
मरे नदी के रास्ता के नक्शा
Wikimedia Commons: Murray River

मरे नदी (अंग्रेजी: Murray River) ऑस्ट्रेलिया महादीप के एक ठो प्रमुख नदी बाटे। एह नदी के कुल लंबाई 2,508 किलोमीटर (1,558 मील) बा आ ई आस्ट्रेलिया के सभसे लमहर नदी हवे।[1] नदी आस्ट्रेलिया के पूरुबी-दक्खिन हिस्सा में मौजूद एहिजा के सभसे ऊँच परबत श्रेणी सभ के आस्ट्रेलियाई आल्प्स परबत से निकले ले आ आगे उत्तर-पच्छिम मुहें बहे ले, मैदान में जा के तेज मोड़ ले के एकर दिसा अंत में दक्खिन पच्छिम हो जाला।

समुंद्र में ई जहाँ मिले ले ओह जगह के मरे मुहाना कहल जाला आ एकरे ठीक पहिले अलेक्जेंड्रीना झील आ कोरूंग झील (चाहे कोरूंग नमभूमि) बाड़ी स। नदी के अंत में कई गो टर्मिनल झील बाड़ी स जे अब खारा पानी वाली हो चुकल बाड़ी बाकी कुछ दशक पहिले ई मीठा पानी वाली रहलीं सऽ।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "(Australia's) Longest Rivers". Geoscience Australia. 10 दिसंबर 2013. Retrieved 10 दिसंबर 2013.