Jump to content

यूट्यूब

विकिपीडिया से
(YouTube से अनुप्रेषित)
यूट्यूब
बिजनेस प्रकारसब्सिडरी
साइट के प्रकार
बीडियो होस्टिंग सर्विस
स्थापितफरवरी 14, 2005; 21 साल पहिले (2005-02-14)
मुख्यालय901 चेरी एवेन्यू, सान ब्रूनो, कैलिफोर्निया, यूनाइटेड स्टेट्स
निर्देशांक37°37′41″N 122°25′35″W / 37.628101°N 122.426424°W / 37.628101; -122.426424निर्देशांक: 37°37′41″N 122°25′35″W / 37.628101°N 122.426424°W / 37.628101; -122.426424
मालिकअल्फाबेट इंक
मूल कंपनीगूगल (2006–वर्तमान)
वेबसाइटYouTube.com
(see list of localized domain names)
अलेक्सा रैंकSteady 2 (Global, April 2017 तक ले )[1]
लॉन्च भइलफरवरी 14, 2005; 21 साल पहिले (2005-02-14)

यूट्यूब (YouTube) इंटरनेट प बीडियो होस्ट करे वाली एगो अमेरिकी वेबसाइट बा। एकर मुख्यालय अमेरिका के कैलिफोर्निया में सान ब्रूनो नाँव के जगह पर बाटे। एह सेवा के सुरुआत फरवरी 2005 में भइल आ साल 2006 में गूगल एकरा के US$1.65 बिलियन में खरीद लिहलस तबसे गूगल के सब्सिडरी कंपनी के रूप में काम क रहल बाटे।

ई साइट अपना यूजर लोग के बीडियो अपलोड करे, रेट देवे, साझा करे, फेवरिट लिस्ट में जोड़े, रिपोर्ट करे, कमेंट करे आ दुसरा यूजर लोग के सबस्क्राइब करे के सुबिधा उपलब्ध करावे ले। ई सेवा WebM, H.264/MPEG-4 AVC, आ एडोबी फ्लैश टेक्नोलॉजी के इस्तेमाल द्वारा बिबिध प्रकार के बीडियो सभ देखावे ले। उपलब्ध बीडियो सभ में, बीडियो क्लिप, टीवी शो के क्लिप, म्यूजिक बीडियो, छोट फिलिम, फिलिम के प्रोमो, डाकुमेंटरी फिलिम, बीडियो ब्लॉग आ पढ़ाई से संबंधित चीज सामिल बा। एहमें केहू दूसरे के द्वारा डालल गइल चीज पर कापीराईट भी दिहल जाला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. ↑ "youtube.com Traffic Statistics". अलेक्सा इंटरनेट. अमेजन डॉट कॉम. 5 अप्रैल 2017. Archived from the original on 2016-08-07. Retrieved 7 अप्रैल 2017.