ट्रिपल एक्स: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज

विकिपीडिया से
(XXx: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज से अनुप्रेषित)
ट्रिपल एक्स: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज
थियेट्रिकल रिलीज पोस्टर
डाइरेक्टरडी. जे. क्रूसो
प्रोड्यूसर
लेखकएफ स्कॉट फ्रेजियर
आधारचरित्र सभ
by रिच विल्केस
कलाकार
संगीतकार
  • ब्रायन टेलर[2]
  • रॉबर्ट लिडेकर[3]
सिनेमैटोग्राफीरसेल कारपेंटर
संपादक
  • जिम पेज
  • विन्स फिलिपोने
प्रोडक्शन
कंपनी
डिस्ट्रीब्यूटरपैरामाउंट पिक्चर्स[4]
रिलीज के तारीख
लंबाई (समय)
107 मिनट[5]
देसअमेरिका[6]
भाषाअंग्रेजी
बजट$85 मिलियन[5]
बॉक्स ऑफिस$346.1 मिलियन[5]

ट्रिपल एक्स: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज (अंग्रेजी: xXx: Return of Xander Cage) ट्रिपल एक्स सीरीज के तिसरही फिलिम हवे। एह सीरीज के बाकी फिलिम सभ नियर एहू में मुख्य भूमिका में विन डीजल बाने। ई फिलिम 20 जनवरी 2017 के अमेरिका में रिलीज भइल आ भारत में एकरा के 14 जनवरी 2017 के रिलीज कइल गइल रहल। फिलिम के डाइरेक्टर डी. जे. क्रूसो बाड़ें आ भारतीय लोग खाती खास बात कि एह फिलिम में दीपिका पादुकोणो रोल कइले बाड़ी। फिलिम के अन्य मुख्य कलाकार लोगन में डोनी येन, क्रिस वू, रूबी रोज, टोनी जा, नीना दोब्रेव, टोनी कोलेट, एरियाड्ना गुटीएरेज, हर्माइनी कोरफील्डसैमुएल एल. जैक्शन लोग बाड़ें। ई फिलिम ट्रिपल एक्स (2002) आ ट्रिपल एक्स: स्टेट ऑफ दि यूनियन (2005), दुनों के सीक्वल के रूप में ट्रिपल एक्स फिलिम सिरीज के तिसरकी फिलिम हवे।

पैरामाउंट पिक्चर्स द्वारा ई फिलिम 20 जनवरी 2017 के 2डी, रियलआईडी 3डी आ आईमैक्स 3डी में रिलीज कइल गइल। फिलिम के आलोचक लोगन से मिलजुल रिव्यू मिलल आ फिलिम के प्रोडक्शन बजट $85 मिलियन के तुलना में एकर कुल बैस्विक कमाई $346 मिलियन से बेसी रहल जेकरा चलते ई एह फ्रेंचाइजी आ रिवोल्यूशन स्टूडियो के सभसे बेसी कमाई करे वाली फिलिम बन गइल।[7]

कहानी[संपादन करीं]

एनएसए के एजेंट ऑगस्टस गिब्बंस कोसिस करे लें कि फुटबाल खेलाड़ी नेमार के ट्रिपल-एक्स (xXx) प्रोग्राम के हिस्सा बनावल जाय जब एगो सैटेलाईट के क्रैश हो जाला आ अइसन जाहिर होला कि एह दुनों लोगन के मउअत हो गइल बाटे। एकरा कुछे टाइम के बाद चार गो कुशल लोग जियांग के अगुआई में सीआईए के न्यूयॉर्क स्थित एगो अति-सुरक्षित ऑफिस में घुस के एगो उपकरण "पैंडोरा के बाकस" हासिल करे ला जे कौनहू सैटेलाइट के कंट्रोल का सके ला आ ओकरा के एगो घातक हथियार के रूप में क्रैश करा के कौनों मनचाहा जगह पर गिरा सकत बा।

सीआईए के एजेंट जेन मार्क पुरान ट्रिपल एक्स एजेंट जेंडर केज के खोज निकालत बाड़े जे अपना मर चुके के धोखा क के कहीं निवास क रहल बा। डोमिनिकन रिपब्लिक में खुद से घोषित निर्वासन में रह रहल जेंडर केज के मनावल जात बा की सर्विस में लवट आवें आ ओह उपकरण (डिवाइस) के हासिल करें।

लंदन में एगो पुराना दोस्त एन्सले के खोज करे के बाद जेंडर केज हमलावर लोगन के फिलिपींस में लोकेट क लेत बाड़ें। केज के मदद खातिर एगो इस्पेशल टास्क फ़ोर्स के गठित कइल जात बा बाक़ी ऊ एकरा के रिजेक्ट क देत बाड़ें। आपन खुद के टीम बनावत बाड़ें जेह में शार्पशूटर एडेले वूल्फ, डीजे हारवर्ड "निक्स" झोऊ, आ गेटवे ड्राइवर टेनिसन "द टॉर्च" बा लोग। ई टीम मिल के जियांग के लोकेट करत बा लोग जहाँ ई पता चलत बा कि उहो लोग ट्रिपल एक्स एजेंट बा लोग जिनहन लोगन के गिब्बंस द्वारा रिक्रूट कइल गइल बा। जियांग के टीम में सेरेना, टेलून आ हॉक लोग बा। जियांग बतावत बाड़ें की ऊ लोग डिवाइस हासिल क लिहले बाटे जवना से कि ओकर दुरुपयोग रोकल जा सके हालाँकि, सेरेना के बिचार बा कि दिवाइस के पूरा तरीका से नष्ट क दिहल जाव।

कुछे देर के बाद आइलैंड पर रशियन सैनिक सभ के हमला हो जात बाटे। ग्रुप मेंबर लोग लड़त बा आ रोके में सफल हो जात बा, जबकि जियांग पैन्डोरा के बक्सा के साथे भाग निकले में कमयाब हो जात बा। जेंडर ओकर पीछा करत बाड़े आ लगही के एगो बीच पर धरि लेत बाड़ें। सेरेना धोखा देत बिया आ बाक्स के नष्ट क देत बिया आ जेंडर केज के टीम में सामिल हो जात बा, जबकि जियांग बच के निकल जात बा टैलन आ हॉक के साथे मिल जात बा। एकरे बाद मास्को के ओलंपिक स्टेडियम में एगो सैटेलाइट के क्रैश होखत बा, मार्क ई निश्चित करत बाड़ें कि सेरेना जवना डिवाइस के बरबाद क दिहले रहल ऊ असली ना रहे बलुक एगो प्रोटोटाइप रहल। एकर मतलब की दुनों टीम आपन समय बर्बाद करत रह गइली। एही समय जेंडर केज के ई पता लागत बाटे कि सीआइए के डाइरेक्टर एंडर्सन एह सभ में खुदे सामिल बा आ ओही के लगे असली डिवाइस बाटे।

कलाकार[संपादन करीं]

  • विन डीजल - जेंडर केज के रोल में, एथलीट से एगो एक्सट्रीम ट्रिपल एक्स एजेंट बनल ब्यक्ति जिनके बारे में ई जाहिर बा कि ऊ मर गइल बाड़ें
  • डोनी येन - जियांग के रोल में, एगो ट्रिपल एक्स एजेंट जे ओह टीम के अगुआई क रहे लें जे पैन्डोरा बाक्स के सुरक्षित हासिल करे खाती काम क रहल बा
  • दीपिका पादुकोण - सेरीना उंगर के रोल में, पहिले जियांग के सपोर्टर रहली
  • क्रिस वू निक्स के रोल में, पूरा नाँव निकी झोऊ, केज के सपोर्ट करे वाला; इनके डीजे निकनेम "द हुड" बाटे
  • रूबी रोज़ अडले वूल्फ के रूप में, केज के सपोर्ट करे वाला मेन शार्पशूटर
  • टोनी जा टैलन के रोल में, जियांग के सपोर्टर
  • नीना दोब्रेव बेकी क्लियरेज के रूप में, गिब्बन्स के पुरान असिस्टेंट आ हथियार बिसेसज्ञ जिनका के मार्क द्वारा ई काम दिहल गइल बा कि ऊ केज के तकनीकी हथियार आ सपोर्ट उपलब्ध करावें।
  • टोनी कोलेट - जेन मार्क के रोल में, सीआइए एजेंट, लीड जे केज के वापस लियावे ले
  • सैमुएल एल. जैक्शन - ऑगस्टस गिब्बंस के रोल में, ट्रिपल एक्स प्रोग्राम के संस्थापक आ एनएसए के फील्ड एजेंट जे मूल रूप से केज के रिक्रूट कइले रहलन
  • रोरी मैककेन - टेनिसन टॉर्च के रोल में, एगो गेटवे ड्राइवर जे केज के सपोर्ट करे ला; ई एह बात के रेकार्ड रखे ला कि केतना बेर कौनों चीज से आपन गाड़ी भिड़ा चुकल बा (जवना के गिनती 200 पहुँच जाला)
  • हर्माइनी कोरफ़ील्ड - एन्स्ली के रोल में, केज के साथी जे लंदन में रह रहल बाड़ी
  • टोनी गोंजालेज - पॉल डोनोंवान के रोल में, स्पेशल फोर्स के ऑपरेटिव जे मार्क खातिर काम क रहल बा[8]
  • माइकल बिसपिंग - हॉक के रोल में, जियांग के सपोर्टर

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 Kroll, Justin (21 जनवरी 2016). "Deepika Padukone Joins Vin Diesel in 'XXX: The Return of Xander Cage'". वेरायटी. Retrieved 24 अक्टूबर 2016.
  2. "Brian Tyler Scoring 'xXx: Return of Xander Cage'". Film Music Reporter. Retrieved 2 नवंबर 2016.
  3. "Robert Lydecker Co-Scoring 'xXx: Return of Xander Cage'". Film Music Reporter. 26 नवंबर 2016. Retrieved 11 जनवरी 2017.
  4. 4.0 4.1 4.2 4.3 4.4 "Film Releases". Variety Insight. Archived from the original on 26 अक्टूबर 2016. Retrieved 1 मार्च 2017.
  5. 5.0 5.1 5.2 "xXx: The Return of Xander Cage (2017)". Box Office Mojo. Retrieved 22 अप्रैल 2017.
  6. "xXx: The Return of Xander Cage (2017)". AllMovie. Retrieved 24 अक्टूबर 2016.
  7. "Box Office: China Just Turned 'xXx: Return Of Xander Cage' Into A Hit". फोर्ब्स. Retrieved 13 फरवरी 2017.
  8. Kroll, Justin (March 7, 2016). "Former NFL Star Tony Gonzalez Joins 'xXx' Sequel". वेरायटी. Retrieved 3 दिसंबर 2016.