इंस्टाग्राम
| मूल लेखक | |
|---|---|
| डेवलपर | मेटा प्लेटफ़ॉर्म्स |
| शुरुआती रिलीज | अक्टूबर 6, 2010 |
| रिपोजिटरी | |
| ऑपरेटिंग सिस्टम | |
| Size | 231.3 MB (iOS)[1] 50.22 MB (Android)[2] 50.3 MB (Fire OS) [3] |
| एविलेबल बाटे | 32[4] languages |
| लाइसेंस | प्रोपराइटरी सॉफ्टवेयर जेकरा साथे इस्तेमाल के शर्त जुड़ल बाटे |
| वेबसाइट | instagram |
इंस्टाग्राम चाहे इन्स्टाग्राम (Instagram), संछेप में इन्स्टा चाहे इंस्टा (Insta) फोटो चाहे बीडियो साझा करे खातिर इंटरनेट आधारित एगो एप्लीकेशन बाटे जे मोबाइल, डेस्कटॉप, आ लैपटॉप पर चलावल जा सके ला। ई अपना यूजर लोग के कौनों फोटो के प्राइवेट में भा पब्लिक में साझा करे के मोका उपलब्ध करावे ला। एह प्लेटफ़ॉर्म प फोटो आ बीडियो के ऊपर फिल्टर इस्तेमाल कइल जा सके लें, हैशटैग के मदद से इनहन के ग्रुप कइल जा सके ला, आ भूगोलीय लोकेशन के हिसाब से आपस में संबंधित कइल जा सके ला। पोस्ट सभ के सार्वजनिक रूप से भा पहिले से मंजूर फॉलोअर लोगन के साथे शेयर कइल जा सकेला। प्रयोगकर्ता लोग टैग आ लोकेशन के हिसाब से अन्य प्रयोगकर्ता लोग के सामग्री ब्राउज क सके ला, ट्रेंडिंग सामग्री देख सके ला, जइसे कि फोटो आ अन्य प्रयोगकर्ता लोग के फॉलो क के आपन सामग्री के निजी फीड में जोड़ सके ला।
मेटा संचालित इमेज केंद्रित सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म, इ आईओएस, एंड्रॉयड, विंडोज 10, अउरी वेब प उपलब्ध बा। यूजर बिल्ट-इन फिल्टर अउरी बाकी टूल के इस्तेमाल क के फोटो खींच के संपादित क सकतारे, ओकरा बाद फेसबुक जईसन अवुरी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म प शेयर क सकतारे। ई अंग्रेजी, स्पेनिश, फ्रेंच, कोरियाई, आ जापानी समेत कुल 32 ठे भाषा सभ के सपोर्ट करे ला।
एकर निर्माण केविन सिस्ट्रोम आ मार्क कीगर द्वारा कइल गइल आ साल 2010 में लॉन्च कइल गइल। सुरू में ई आइओएस ऑपरेटिंग सिस्टम खातिर फ्री एप के रूप में लॉन्च भइल रहे, दू साल बाद ई एंड्रॉइड ऑपरेटिंग सिस्टम खातिर लॉन्च कइल गइल। एकरा बाद नवंबर 2012 में वेबसाइटो के रूप में लॉन्च भइल। अप्रैल 2012 में फेसबुक इंक एह सेवा के लगभग 1 बिलियन अमेरिकी डॉलर के नकदी आ स्टॉक में खरीद लिहलस। इंस्टाग्राम के एंड्रॉयड वर्जन अप्रैल 2012 में रिलीज भइल, एकरे बाद नवंबर 2012 में फीचर-लिमिटेड डेस्कटॉप इंटरफेस, जून 2014 में फायर ओएस ऐप आ अक्टूबर 2016 में विंडोज 10 खातिर ऐप आइल।अक्टूबर 2015 ले, 40 बिलियन से ढेर फोटो अपलोड हो गइल रहे।
हालाँकि, अक्सर एकरे सफलता आ परभाव खातिर इंस्टाग्राम के प्रशंसा कइल जाला, किशोर लोग के मानसिक स्वास्थ्य, एकरे नीति आ इंटरफेस में बदलाव, एकरे कथित सेंसरशिप, आ यूजर लोग द्वारा अपलोड कइल गइल गैरकानूनी आ अनुचित सामग्री के नकारात्मक रूप से प्रभावित करे खातिर एकर आलोचनो कइल गइल बा।
फीचर आ टूल
[संपादन करीं]इंस्टाग्राम के यूजर लोग फोटो आ शॉर्ट बीडियो अपलोड कइ सके लें, दुसरे यूजर के फ़ीड फॉलो क सके लें, आ अपना फोटो के साथ कवनो जगह के नाँव जोड़ के जियोटैग भी कइ सके लें। यूजर लोग अपना खाता के निजी (प्राइवेट) बना सकेला, जवना के बाद नया फॉलोअर के अनुरोध स्वीकार करे के अधिकार खाता मालिक के रहे ला।यूजर लोग अपना इंस्टाग्राम खाता के अउरी कई दुसरे सोशल नेटवर्किंग साइटन से भी जोड़ सके लें, जवना से कि अपलोड कइल गइल फोटो ओहू प्लेटफॉर्मन पर साझा कइल जा सके।
सितंबर 2011 में ऐप के एगो नया संस्करण जारी कइल गइल, जवना में नया आ लाइव फ़िल्टर, तुरंत टिल्ट-शिफ्ट प्रभाव, हाई-रिज़ॉल्यूशन फोटो, वैकल्पिक बॉर्डर, एक-क्लिक रोटेशन आ नया आइकन जइसन सुविधा जोड़ल गइल। सुरुआत में इंस्टाग्राम पर फोटो खाली 1:1 (वर्गाकार) रेशियो में अपलोड कइल जा सकत रहे। हालाँकि, अगस्त 2015 से ऐप में पोर्ट्रेट (ऊँचाई वाला) आ वाइडस्क्रीन (चौड़ाई वाला) आस्पेक्ट रेशियो वाली फोटो के सपोर्ट जोड़ दिहल गइल।
दिसंबर 2016 से इंस्टाग्राम पर यूजर लोग अपना पोस्ट के ऐप के भीतर एगो निजी (प्राइवेट) हिस्सा में सेव क सके लें। बाद में अप्रैल 2017 में एह सुविधा के औरु बिस्तार कइल गइल, जवना से यूजर लोग अइसन सेव कइल पोस्टन के अलग-अलग नाँव वाला कलेक्शन में व्यवस्थित कर सके लें। यूजर अपना पोस्ट के आर्काइव भी कर सके लें। आर्काइव कइल पोस्ट पब्लिक के आ केहू दुसरे यूजर लोग खातिर देखलाई ना देला, बाकी खाता मालिक ओकरा के निजी रूप ख़ुद से देख सके ला। एह सुविधा के अइसन तरीका के रूप में देखल गइल जेकरा से यूजर ओह फोटो के हटावे के बजाय आर्काइव कर सकेलें, जेकरा पर उम्मीद के मुताबिक "लाइक" ना मिलल होखे भा जवन उनका के कम आकर्षक लागत होखे। एकरे साथे ई कदम फोटो मिटावे के बढ़त प्रवृत्ति के कम करे के प्रयास भी मानल गइल, काहे कि फोटो हटावे से प्लेटफॉर्म पर उपलब्ध सामग्री के मात्रा घट जाला। अगस्त 2017 में इंस्टाग्राम घोषणा कइलस कि टिप्पणी (कमेंट) सभ के थ्रेड के रूप में व्यवस्थित कइल जाई। एह बदलाव के मकसद यूजर लोग के जवाब (रिप्लाई) के आसानी से देखे आ ओह पर आगे बातचीत करे के सुबिधा दिहल रहे।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Instagram". App Store.
- ↑ टेम्पलेट:Cite templates kr web
- ↑ "Amazon.com: Instagram: Appstore for Android". Amazon.
- ↑ "Instagram". App Store. Retrieved October 7, 2019.
| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |