Jump to content

करेंसी

विकिपीडिया से
(Currency से अनुप्रेषित)

करेंसी भा करेन्सी (Currency) अपना सभसे बिसेस अरथ में, कवनों अइसन मुद्रा (मनी) के रूप होला जे आर्थिक लेनदेन के कामे आवे आ चलन में होखे; मुख्य रूप से बैंकनोटसिक्का सभ एह में आवे लें। आम परिभाषा ई हवे की करेंसी मुद्रा के अइसन सिस्टम हवे जे आम इस्तेमाल में आवत होखे, बिसेस रूप से कौनो देस के लोगन खातिर। एह परिभाषा के तहत अमेरिकी डालर, भारतीय रुपिया आ पइसा, यूरो, पाउंड, दीनार नियर मुद्रा के इकाई सभ करेंसी हईं। एह अलग-अलग करेंसी सभ के मूल्य आपस में बरोबर ना होला बलुक फारेन एक्सचेंज बजार में तय होला। एक तरह से देखल जाय त ई करेंसी सभ सरकारन द्वारा परिभाषित कइल जालीं आ इनहन के चलन आ स्वीकृति सीमित होला, मने कि हर देस के करेंसी हर देस में चले ई जरूरी ना बाटे।