Jump to content

2026 के ईरान युद्ध

विकिपीडिया से

28 फरवरी 2026 के दिन, इज़राइलअमेरिका मिल के ईरान पर संयुक्त सैन्य हमला शुरू कइलें। एह ऑपरेशन के इज़राइल अपना तरफ से “Operation Roaring Lion” (शेर के दहाड़) के नाँव दिहलस, आ अमेरिका एकरा के “Operation Epic Fury” कहलस। हमला मुख्य रूप से ईरान के कई शहर में, खासकर तेहरान, इस्फ़हान, क़ोम, करज, आ करामनशाह में हवाई हमला के रूप में भइल, जेकर मकसद ईरान के परमाणु ढांचा, मिसाइल सिस्टम आ शासन के शीर्ष नेतृत्व पर निशाना लगावल रहे। एह संयुक्त हमला के शुरुआत में भारी हवाई आ मिसाइल स्ट्राइक कइल गइल, जेकरा में अमेरिकी टॉमहॉक मिसाइल, ड्रोन आ इज़राइली लड़ाकू विमान शामिल रहलें। रिपोर्टन के हिसाब से हमला में ईरान के सर्वोच्च नेता आयतुल्ला अली ख़ामनेई के मौत के पुष्टि भइल बतावल गइल बा, आ साथे कई शीर्ष सैन्य आ सरकारी अधिकारी भी निशाना बनलन। ई हमला एगो बड़ मलेटरी ऑपरेशन रहे, जे आपसी सहयोग में कई महीना तक योजना बनाके कइल गइल। एहसे क्षेत्र में तनाव आ बढ़ गइल बा, आ कई देशन के बीच प्रतिक्रिया शुरू हो गइल बा, जे ब्यापक संघर्ष के खतरा पैदा कर रहल बा।