2016 के भारतीय नोटबंदी

विकिपीडिया से
नोटबंदी के बाद ATM में पइसा निकाले खातिर लागल लाइन, कलकत्ता

500 आ 1000 के नोटबंदी भारत सरकार के एक ठो नोटबंदी नीति बा जेकर घोषणा 8 नवंबर 2016 के भइल आ ई 9 नवंबर 2016 से लागू भइल।[1] एकरे चलते पुरनकी महत्मा गाँधी सीरीज के 500 आ 1000 के लीगल टेंडर खतम कर दिहल गइल। नया 500 आ 2000 के नोट चलावल गइल जे 10 नवंबर से चलन में आइल।

नोटबंदी के घोषणा खुद परधानमंत्री नरेंद्र मोदी दूरदर्शन पर एक ठो लाइव प्रसारण में कइने।[2][3] मोदी के घोषणा सवा आठ बजे साँझ के प्रसारित भइल आ ओही रात से पुरान नोट बंद कर दिहल गइल, हालाँकि, इनहन के बदले खातिर एक ठो निश्चित समय दिहल गइल। 100 आ एकरा से कम कीमत के नोट जइसे के तइसे चालू बा।

सरकार के एह कदम उठावे के कारण के रूप में ई दावा कइल गइल कि ए से काला धन पर रोक लगावे में मदद मिली। बाद के दिनन में भारत में कैशलेस ट्रांजेक्शन के बढ़ावा देवे में सहायक होखे के भी एह नीति के लागू करे के कारण के रूप में सोझा रखल गइल।

नोटबंदी के बाद पूरा भारत में लोगन के नोट बदले, नया नोट बैंक आ एटीएम से निकाले में भारी दिक्कत के खबर रिपोट कइल गइल। 10 नवंबर के बैंक खुले पर पइसा निकाले बदे भारी भीड़ के खबर बतावल गइल आ सेंसेक्स नीचे गिर गइल।[4][5] समाचार रपट सभ में कई लोग के जान से खतम होखे के भी एह आपाधापी से जोड़ल गइल।[6][7]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Withdrawal of Legal Tender Status for ₹ 500 and ₹ 1000 Notes: RBI Notice (Revised)". Reserve Bank of India. 8 नवंबर 2016. Retrieved 15 दिसंबर 2016.
  2. Bhatt, Abhinav (8 नवंबर 2016). "Watch PM Modi's Entire Speech on Discontinuing 500, 1000 Rupee Notes". एनडीटीवी इंडिया. Retrieved 8 नवंबर 2016.
  3. "Demonetisation of Rs. 500 and Rs. 1000 notes: RBI explains". दि हिंदू. 8 नवंबर 2016. Retrieved 15 दिसंबर 2016.
  4. "India demonetisation: Chaos as ATMs run dry". अल जजीरा. Retrieved 9 नवंबर 2016.
  5. "Demonetisation: Chaos grows, queues get longer at banks, ATMs on weekend". 12 नवंबर 2016.
  6. "India: Demonetisation takes its toll on the poor". अल जजीरा. 16 नवंबर 2016. Retrieved 15 दिसंबर 2016.
  7. "Demonetisation Death Toll Rises To 25 And It's Only Been 6 Days". huffingtonpost. Retrieved 15 दिसंबर 2016.