Jump to content

.xyz

विकिपीडिया से
.xyz
Introducedफरवरी 19, 2014; 12 साल पहिले (2014-02-19)
(रूट सर्वर खातिर)
जून 2, 2014 (2014-06-02)
(आम जनता खातिर)
TLD typeजेनेरिक टॉप-लेवल डोमेन (gTLD)
Statusचालू
Registry
  • Generation.XYZ (रजिस्ट्री)
  • CentralNic (रजिस्ट्री टेक्निकल ऑपरेटर)
Intended useकवनो नाहीं
Registration restrictionsकवनो नाहीं
DocumentsICANN रजिस्ट्री एग्रीमेंट
Websitegen.xyz
DNSSECहँ

.xyz एगो टॉप-लेवल डोमेन (टीएलडी) ह, जेकर प्रस्ताव आईकैन के नया जेनेरिक टॉप-लेवल डोमेन (जीटीएलडी) कार्यक्रम के तहत रखल गइल रहे। एह डोमेन के नाम लैटिन लिपि के वर्णमाला के आखिरी तीन गो अक्षर "एक्स", "वाई" आ "ज़ेड" से बनल बा। एह डोमेन के रजिस्ट्री के संचालन एक्सवाईज़ेड डॉट कॉम आ सेंट्रलनिक करेला, जबकि एकर स्थापना उद्यमी डेनियल नेगारी कइले रहलें।[1]

.xyz डोमेन 2 जून 2014 से आम लोग खातिर उपलब्ध भइल। ओकरा बाद ई टेक्निकल स्टार्टअप, कंटेंट बनावे वाला लोग आ वेब3 प्रोजेक्ट सभ के बीच बहुते पॉपुलर भ गइल।

इस्तेमाल

[संपादन करीं]

.xyz अपना साथे जारी भइल नया टॉप-लेवल डोमेन (टीएलडी) सभ में सबसे बड़ डोमेन रहल।[2] डेनियल नेगारी एह डोमेन खातिर 1,85,000 अमेरिकी डॉलर के पेमेंट कइले रहलें।[3]

साल 2014 के बीच में, नेटवर्क सॉल्यूशंस नाम के डोमेन रजिस्ट्रार अपना कुछ ग्राहकन के खाता में बिना माँगलहीं (जबले कि गाहक खुदे मना ना करे) साइत लाखन .xyz डोमेन जोड़ दिहलस। एह घटना के बाद डोमेन रजिस्ट्री वेरीसाइन मुकदमा दायर कइलस। ओकर आरोप रहे कि नेटवर्क सॉल्यूशंस एह डोमेन सभ के भुगतान विज्ञापन क्रेडिट के माध्यम से कइलस। एह प्रचार अभियान के कारण अगस्त 2014 तक .xyz डोमेन के रजिस्ट्रेशन बढ़ के 4,28,806 हो गइल। हालाँकि, जुलाई 2015 तक मुफ्त में बाँटल गइल 3,51,457 डोमेन में से खाली भर लगभग 10,000 डोमेन असल में इस्तेमाल हो रहल रहलीं। नवंबर 2015 में .xyz डोमेन के कुल रजिस्ट्रेशन 15 लाख तक पहुँच गइल। एह बढ़ोतरी के एगो प्रमुख कारण गूगल के अपना मूल कंपनी अल्फाबेट इंक. खातिर abc.xyz डोमेन अपनावल भी मानल जाला। ई .xyz डोमेन के इस्तेमाल करे वाली पहिली प्रमुख कंपनी सभ में से एगो रहे।[4][5][6] मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, एह डोमेन के चालू रखे खातिर गूगल डेनियल नेगारी के हर महीना 8 अमेरिकी डॉलर देत रहे।[3]

2020 में .xyz के 31,82,692 रजिस्टर्ड डोमेन रहल, जवना के आधार पर ई दुनिया के सभ टॉप-लेवल डोमेन सभ में सातवाँ सबसे बेसी इस्तेमाल होखे वाला डोमेन बन गइल रहल।[7] 2022 तक एकर रजिस्ट्रेशन बढ़ के 45,63,254 हो गइल, आ ई .com, .net आ .org के बाद चउथा सबसे बेसी रजिस्टर्ड टॉप-लेवल डोमेन बन गइल। 2022 में भइल एगो एनालिसिस से पता चलल कि .xyz डोमेन के 93 परसेंट रजिस्ट्रेशन खाली कम-से-कम एकही बरिस खातिर बनल रहल, जबकि .com आ .net जइसन अधिक प्रचलित डोमेन में ई आँकड़ा लगभग 60 परसेंट रहल।[8]

2025 के बीच तक .xyz टॉप-लेवल डोमेन के इस्तेमाल से 60 लाख से बेसी डोमेन रजिस्टर हो चुकल रहलें।[9]

खराब नीयत वाला वेबसाइट

[संपादन करीं]

2023 में एंटी-फिशिंग वर्किंग ग्रुप बतवलस कि कम दाम आ जल्दी रजिस्ट्रेशन हो जाए के सुबिधा के चलते .xyz आ .shop डोमेन, दुर्भावनापूर्ण (मैलिशस) डोमेन रजिस्ट्रेशन के मामिला में सबसे ऊपर के पाँच गो टॉप-लेवल डोमेन सभ में शामिल रहलें।[10] 2022 के एगो अंजाद के हिसाबन, .xyz टॉप-लेवल डोमेन के लगभग 6.62 परसेंट एक्टिव डोमेन दुर्भावनापूर्ण गतिविधियन से जुड़ल रहलें। मैलवेयर, ऑनलाइन ठगी आ फिशिंग से जुड़ल एह घटनन के कारण कई गो एंटी-मैलवेयर कंपनी बहुत सारा, आ कुछ मामला में लगभग सभे .xyz डोमेन के ब्लैकलिस्ट में डाल दिहलस।[11]

अध्ययन से इहो पता चलल कि .xyz टॉप-लेवल डोमेन में मौजूद मैलिशस डोमेन सभ के एक्टिव अवधि, औसतन दूसर टॉप-लेवल डोमेन के मुकाबला काफी कम रहे। अइसन लगभग 97 से 99 प्रतिशत .xyz डोमेन के अवधि एक बरिस से कम रहल, जे डोमेन रजिस्ट्रेशन के मिनिमम समय ह। ब्लैकलिस्ट में शामिल होखला के बाद एह डोमेन सभ के हटावल जाए के एभरेज समय 13 दिन रहल।[8]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. Said, By Carolyn (2015-08-01). "What's in a name? .xyz, others vie for Web domain dominance". San Francisco Chronicle (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-06-23.
  2. "Disposable botnets". dl.acm.org (अंग्रेजी में). doi:10.1145/3407023.3409177. Retrieved 2026-06-22.
  3. 1 2 "Is .xyz the new .com? | HackerNoon". hackernoon.com (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-06-23.
  4. Ewing, Jack; Hardy, Quentin (2015-08-11). "Alphabet? Google Might Get Some Letters". The New York Times (published 2015-08-12). Archived from the original on July 9, 2017. Retrieved 2019-08-02.
  5. Roberts, Jeff John (2015-08-13). "Squatters swoop on Google ".xyz" names in wake of Alphabet". Fortune. Archived from the original on July 14, 2017. Retrieved 2019-08-02.
  6. Berkens, Michael (2015-11-23). ".XYZ Tops 1.5 Million Domains As Domain Registrations Return To Normal". The Domains. Archived from the original on November 24, 2015. Retrieved 2019-08-02.
  7. Aguerre, Carolina (2023-05-04). "The legacies of long tail and the unfolding of consolidation and concentration in the top-level domain sector". Journal of Cyber Policy (अंग्रेजी में). 8 (2): 218–238. doi:10.1080/23738871.2023.2290057. ISSN 2373-8871.
  8. 1 2 Affinito, Antonia; Sommese, Raffaele; Akiwate, Gautam; Savage, Stefan; Voelker, Geoffrey; Botta, Alessio; Jonker, Mattijs; Claffy, KC (2022). "Domain name lifetimes: baseline and threats". Network Traffic Measurement and Analysis Conference (TMA). S2CID 250278773.
  9. ".xyz | Top-Level Domain Breakdown". nTLDStats (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-06-23.
  10. Fadilpašić, Sead (2024-12-09). "New domain names such as .shop and .xyz are proving popular for cybercrime". Tech Radar (अंग्रेजी में). Future US, Inc. Retrieved 2024-03-23.
  11. Proske, Sandra (May 6, 2019). "Why is there's so much spam coming from .xyz and other new top-level domains?". F-Secure Blog. Archived from the original on October 4, 2024. Retrieved January 10, 2025.