हैशटैग


हैशटैग एक किसिम के मेटाडेटा टैग हवे जेह में शुरुआत में 'हैश' के चीन्हा # लागल होखे ला। ई सोशल मीडिया में इस्तेमाल होखे वाला एगो तरीका बा जेहमे कोनो शब्द, चाहे वाक्य के हिस्सा के पहिले हैश लगा दिहल जाला आ एकरे चलते बिसय के बर्गीकरण आ टैगिंग हो जाला कि बाकी आगे वाला पाठ (टेक्स्ट) भा सनेसा कवना चीज से संबंधित बा।[1][2][3]
हैशटैग के इस्तेमाल के बिचार के प्रस्ताव सबसे पहिले अमेरिकी ब्लॉगर आ प्रोडक्ट कंसल्टेंट क्रिस मेसिना 2007 में एगो ट्वीट के माध्यम से रखले रहलें। मेसिना एह इस्तेमाल के पेटेंट करावे के कोशिश ना कइलें, काहें कि उनका मानल ई रहे कि “ई इंटरनेट से पैदा भइल बा आ एकर मालिक केहू नइखे।”
हैशटैग धीरे-धीरे ट्विटर कल्चर के हिस्सा बन गइल आ कुछे समय बाद इंस्टाग्राम, फेसबुक आ यूट्यूब पर भी इस्तेमाल होखे लागल।
जून 2014 में ऑक्सफोर्ड इंग्लिश डिक्शनरी में हैशटैग (Hashtag) शब्द के शामिल कइल गइल। एकर परिभाषा दिहल गइल कि ई अइसन शब्द भा वाक्यांश ह, जेकरा आगे # चिन्ह लगावल जाला आ सोशल मीडिया वेबसाइट आ ऐप पर एकही विषय से जुड़ल सभे संदेश खोजे खातिर इस्तेमाल कइल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ हैशटैग Archived 2018-01-24 at the Wayback Machine, ऑक्सफोर्ड डिक्शनरी
- ↑ "Hashtag | Definition of Hashtag by Merriam-Webster". Merriam-webster.com. 2014-06-23. Retrieved 2017-06-25.
- ↑ "Using hashtags on Twitter | Twitter Help Center". Support.twitter.com. 2016-05-12. Retrieved 2017-06-25.
| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |