हैगियोग्राफी
हैगियोग्राफी (अंग्रेजी: hagiography)[1] कवनो संत, धार्मिक नेता भा आध्यात्मिक महापुरुष के जीवनी-लेखन के कहल जाला। व्यापक अर्थ में ई दुनिया के कवनो भी धर्म में उपदेशक, पुजारी, धर्म संस्थापक, संत, साधु, साध्वी भा पूजनीय धार्मिक व्यक्तित्व के प्रशंसात्मक आ आदर्शीकृत जीवन-वृत्तांत हो सकेला।[2][3][4]
प्रारंभिक ईसाई परंपरा में हैगियोग्राफी के रूप कई प्रकार के मिले लें। इनहन में संत लोगन के जिनगी-कथा — वीटा (vita) , जेकर अर्थ "जीवन" होला आ जवन अधिकांश मध्यकालीन जीवनी के शीर्षक के शुरुआत में मिलेला — संत द्वारा कइल गइल कार्य आ चमत्कारन के वर्णन, उनका शहादत भा बलिदान के विवरण (जेकरा के पैसियो कहल जाला), भा एह सभ के मिश्रित रूप शामिल रहे ला। ईसाई धर्म के अलावे अइसन लेखन बौद्ध धर्म,[5] हिंदू धर्म[6] ताओ धर्म, सिख धर्म आ इस्लाम में भी मिले ला। एह प्रकार के रचना सभ के मुख्य उद्देश्य खाली ऐतिहासिक जानकारी देहल ना, बल्कि संत भा धार्मिक व्यक्तित्व के आदर्श जीवन, आध्यात्मिक महत्त्व आ धार्मिक प्रभाव के उजागर कइल भी होला।
इतिहास के आधुनिक बिद्वान लोग अइसन जीवनी-लेखन के कुछ हीन नजरिया से देके ला काहें से कि इनहन में लेखक अपना बिसाय के प्रति कुछ बेसिए तारीफी भा आदर के झुकाव लिहले रहे ला, तटस्थ ना होला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "hagiography". ऑक्सफ़र्ड इंग्लिश डिक्शनरी (Online ed.). ऑक्सफ़र्ड यूनिवर्सिटी प्रेस. (Subscription or UK public library membership required.)
- ↑ Rico G. Monge (2016). Rico G. Monge, Kerry P. C. San Chirico and Rachel J. Smith (ed.). Hagiography and Religious Truth: Case Studies in the Abrahamic and Dharmic Traditions. Bloomsbury Publishing. pp. 7–22. ISBN 978-1474235792.
- ↑ Jeanette Blonigen Clancy (2019). Beyond Parochial Faith: A Catholic Confesses. Wipf and Stock Publishers. p. 137. ISBN 978-1532672828.
- ↑ Rapp, Claudia (2012). "Hagiography and the Cult of Saints in the Light of Epigraphy and Acclamations". Byzantine Religious Culture. Brill Academic. pp. 289–311. doi:10.1163/9789004226494_017. ISBN 978-9004226494.
- ↑ Jonathan Augustine (2012), Buddhist Hagiography in Early Japan, Routledge, ISBN 978-0415646291
- ↑ David Lorenzen (2006), Who Invented Hinduism?, Yoda Press, ISBN 978-8190227261, pp. 120–121
| ई इतिहास-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |