हैकथॉन

हैकथॉन भा हैकाथॉन (अंग्रेजी: hackathon), जेकरा के हैक डे (hack day), हैकफेस्ट (hackfest), डेटाथॉन (datathon) चाहे कोडफेस्ट (codefest) कहल जाला; एगो गहन (इंटेंस) आ समय-सीमित (आमतौर पर 24–48 घंटा) वाली टेक्निकल प्रतियोगिता भा कंपटीशन होखे ला, जहाँ डेवलपर, डिजाइनर आ इनोवेटर लोग एक साथ मिलके काम करे ला। एहमें लोग कवनो खास समस्या के समाधान खोजे या नया सॉफ्टवेयर/हार्डवेयर के प्रोटोटाइप बनावे खातिर आपसी सहकार आ सहयोग से मेहनत करेला। अइसन इवेंट अक्सर एजाइल सॉफ्टवेयर डेवलपमेंट (agile software development) के तरीका से चलावल जाला, जइसे स्प्रिंट नियन डिजाइन प्रॉसेस। एहमें कंप्यूटर प्रोग्रामर आ सॉफ्टवेयर डेवलपमेंट से जुड़ल अउरी लोग—जइसे ग्राफिक डिजाइनर, इंटरफेस डिजाइनर, प्रोडक्ट मैनेजर, डोमेन एक्सपर्ट—सब मिलके बहुत तेज आ इंटेंस तरीका से काम करेला। ई लोग मिलजुल के इंजीनियरिंग प्रोजेक्ट, खासकर सॉफ्टवेयर इंजीनियरी से जुड़ल काम के जल्दी-जल्दी आगे बढ़ावेला।
ई शब्द “हैकिंग” आ “मैराथन” के मेल से बनल बा,[1] आ एकर मुख्य ध्यान रचनात्मकता (क्रिएटिविटी), टीम वर्क आ तेज इंजीनियरिंग पर रहेला। हैकथॉन के मुख्य लक्ष्य अइसन इवेंट के अंत ले कौनों, काम कर सके वाला (फंक्शनल) सॉफ्टवेयर भा हार्डवेयर डेवलप कइल होला।[2]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Hinton, Kerry (2016-12-15). Hackathons (अंग्रेजी में). The Rosen Publishing Group, Inc. ISBN 978-1-5081-7322-9.
- ↑ "Hackathon definition". dictionary.com.
The goal of a hackathon is to create functioning software or hardware by the end of the event.
| ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |