Jump to content

हिंदू कला

विकिपीडिया से
(हिन्दू कला से अनुप्रेषित)
देवी दुर्गा को दर्शाने वाला एक हिंदू नृत्य

हिंदू कला में हिंदू धर्म से सांस्कृतिक रूप से जुड़ल कलात्मक परंपरा आ शैली के शामिल कइल जाला।

फूलों की सजावट

हिंदू धर्म, अपना 1 अरब अनुयायिन की साथ, दुनिया क लगभग 15% आबादी बनेला और इ एगो एइसन संस्कृति ह जवन कि कला से प्रभावित जीवन की कई गो अलग-अलग पहलू से भरल बा।[1] कुल 64 गो पारंपरिक कला बाड़ी स जवन की उत्कृष्ट संगीत से शुरू होके आभूषणन की पहनावा से लेके ओकरी विभिन्न साज-सज्जा की तरीकन ले जाला। चूँकि, धर्म आ संस्कृति के हिंदू धर्म से अलग नाहीं क सकल जा सके ला, एही से एमें पुनरावर्तीत प्रतीक जइसे कि देवता अउरी उन्हन लोग क कई गो अवतार, कमल क फूल, अतिरिक्त अंग आ इहाँ तक ले कि पारंपरिक कला क दृश्य, अलग अलग मूर्तियन, चित्र, संगीत अउरी नृत्य देखे के मिलेला।

64 गो पारंपरिक कला

[संपादन करीं]
  • गायन
  • वाद्य संगीत - 20 वीं शताब्दी से पहिले संगीत सीखे खातिर घराना में जन्म लिहले की शर्त की चलते हिंदू संस्कृति में संगीत सीखल एगो मुश्किल काम रहे। हिंदुस्तानी शास्त्रीय संगीत सीखले क इच्छा रखे वालन खातिर 1920 की दशक की आरंभ से कुछ आसानी भइल। सामान्य तौर प हर कलाकारन की टुकड़ी में एगो हार्मोनियम शामिल रहे (जवन की पश्चिमी देश भारत में ले आइल रह न स), बांसुरी, वीणा, सितार, स्वरमंडल और एगो तबला भी एकर हिस्सा रहे। कई गीतन में धर्मशास्त्र से संबंधित विषय, भगवान क प्रशंसा, भगवान क विभिन्न अवतार जैसन मजबूत विषय और यहाँ तक की धरती की निर्माण क कथा भी देखे के मिलेला। चूंकि वाद्य संगीत एगो प्रदर्शन कला ह, एही वजह से एके नाट्य शास्त्र की ग्रंथन में लिखल सख्त दिशा निर्देशन क पालन करे के चाहीं।[2]
  • नृत्य
  • चित्रकारी (भारतीय किसिम) - विभिन्न प्रकार क लोक चित्र भारतीय संस्कृति खातिर गर्व क बात ह जवन की भारत की सुंदरता, परंपरा और विरासत के दर्शावेला। मधुबनी, राजस्थानी, बटिक-आर्ट, पट्टचित्र, गोंड, मंडला, वारली -आदिवासी कला, पिथोरा, बंगाली, निर्मल, मैसूर, तंजौर चित्रकारी आदि जैसन कईगो पारंपरिक चित्रकला बाड़ी स, जवन प्रेम, सर्वशक्तिमान, सौंदर्य, सच्चाई क अभिव्यक्ति ह और इ परंपरा और कला की तौर प भारत की हर क्षेत्र में देखे के मिलेला।
  • माथा क सजावट
  • फर्श प सजावटी फूल और अनाज से डिजाइन
  • घर आ मंदिर में फूल क सजावट
  • व्यक्तिगत साज-सज्जा
  • मोज़ेक टाइलिंग
  • बेडरूम क साज-सज्जा
  • पानी से संगीत क व्यवस्था
  • पानी क अलग अलग तरह क फव्वारा आ छिड़काव
  • गुप्त मंत्र
  • फूलन क हार बनवले क कला
  • सिर श्रृंगार
  • ड्रेसिंग
  • ड्रेपरी समय बितले की साथ ड्रेपरी (पर्दा से सजावट क कला) में प्रगति भइल बा। एक समयबिंदु प पुरुष और महिला दुनू धोती पहिने स लेकिन 14 वीं शताब्दी की आसपास समय बदल गईं और औरतीन क फैशन अधिक जटिल बन गइल और ए तरह से साड़ी अस्तित्व में आइल। हर ड्रेपरी पहिने वाला की निजी पसंद, व्यवसाय और सामाजिक स्थिति की हिसाब से अलग-अलग रहे। एकरी खातिर जवन कपड़ा क चुनाव होला उ सिंथेटिक कपड़ा से लेके रेशम तक कौनों हो सकेला। कपड़ा क चुनाव ए बात प निर्भर करेला कि पहिने वाला कौने मौका खातिर कपड़ा क चुनाव कर ता।[3]
  1. "वैश्विक धार्मिक लैंडस्केप - हिंदू धर्म". pewforum.com.
  2. "हिंदू संगीत का जादू". hinduismtoday.com.
  3. "कपड़ा Begets फैशन". hinduismtoday.com.