Jump to content

हिंदू–अरबी अंक सिस्टम

विकिपीडिया से
(हिंदू-अरबी अंक सिस्टम से अनुप्रेषित)

हिंदू–अरबी अंक सिस्टम (अंग्रेजी: Hindu–Arabic numeral system), जेकरा के इंडो–अरबी न्यूमेरल सिस्टम, लैटिन नंबर सिस्टम, या सादे में हिंदू अंक सिस्टम / इंडो न्यूमेरल सिस्टम / अरबी न्यूमेरल सिस्टम भी कहल जाला, आज पूरा दुनिया में इस्तेमाल होखे वाला नंबर लिखे के तरीका हवे। ई पोजीशन आधारित दशमलव अंक सिस्टम हवे। मने की ई बेस–10 वाला प्लेस–वैल्यू सिस्टम हवे। एहमें दस गो मूल चीन्हा (अंक, digit) होखेलें — 0, 1, 2, 3, 4, 5, 6, 7, 8, 9 जिनाहन के कंबीनेशन से कवनों नंबर के लिखल जा सके ला। ई संख्या भा गिनती सभ के शब्द में (चीन्हा द्वारा) देखलावे के सभसे बेसी चलनसार तरीका हवे।

एह सिस्टम के आबिस्कार पहिली से चउथी सदी के बीचा में भारतीय गणितज्ञ लोगन द्वारा कइल गइल। आगे चल के 9वीं सदी के आसपास ई सिस्टम अरब जगत में आ अरबी गणित में स्वीकार भइल। एकर परचार-प्रसार ईरानी (फ़ारस के) गणितज्ञ अल-ख़्वारिज़्मीअल-किंदी के रचना सभ द्वारा भइल। एह सिस्टम के परसार मध्यकाल के यूरोप में हाई मिडिल एज में भइल। 16वीं सदी में रोमन दुनिया (यूरोप) में ई चलन में आइल। यूरोप में हिंदू–अरबी नंबर सिस्टम खूब पॉपुलर तब बनल, जब इटली के गणितज्ञ फिबोनाची (Fibonacci) अपन किताब Liber Abaci छपवलें। ई नंबर सिस्टम पहिलका गिनती के तरीका — जइसे अबेकस (abacus) — से एकदम अलग रहे। एह नंबरन के चलते गणित बहुते तेज गति से बढ़ल आ नयका तरीका विकसित भइल। पहिले के जमाना में कई दूसर किसिम के नंबर सिस्टम इस्तेमाल होखें, बाकी आज जेवन सिस्टम सबसे बेसी चलेला — ऊ ई हिंदू–अरबी नंबर सिस्टमे हवे।

ई तरीका दस ठे (मूल रूप से नौ) चीन्हा (ग्लिफ़) सभ पर आधारित ह। ई चीन्हा सभ जे एह सिस्टम में संख्या के देखावे खातिर इस्तेमाल होखे लें, अपने आप में एह सिस्टम से आजाद तरीका से बिकसित भइल हवें। ई चीन्हा सभ ब्राह्मी लिखाई से निकसल हवें आ मध्यकाल से ले के अबले कई किसिम के टाइपोग्राफिक रूप सभ में बिभाजित हो के बिकसित भइल हवें।

एह चीन्हा सभ के तीन ठे मुख्य परिवारन में बाँटल जाला: पच्छिमी अरबी न्यूमेरल जे ग्रेटर मगरिब आ यूरोप में इस्तेमाल होखे लें; पूरबी अरबी न्यूमेरल जे मध्य पूरुब (मिडिल ईस्ट) में इस्तेमाल होखे लें; आ भारतीय अंक जे भारतीय उपमहादीप के बिबिध लिखाई सिस्टम सभ में इस्तमाल होखे लें।


इहो देखल जाय

[संपादन करीं]