Jump to content

हिंदुस्तानी संगीत

विकिपीडिया से

हिंदुस्तानी शास्त्रीय संगीत भा हिंदुस्तानी संगीत, (जेकरा के उत्तर भारतीय शास्त्रीय संगीत भा खाली शास्त्रीय संगीत भी कहल जाला) भारतीय उपमहाद्वीप के उत्तरी इलाका के शास्त्रीय संगीत क्लासिकल म्यूजिक ह। कंठ से गावे के अलावा ई वीणा, सितार आ सरोद, आ बाँसुरी जइसन वाद्य यंत्र पर बजावल जाला। भारतीय शास्त्रीय संगीत के बिकास के क्रम में, 12वीं सदी में ई दक्खिन भारत के शास्त्रीय परंपरा कर्नाटक संगीत के रूप में अलग रूप में विकसित भइल। जहाँ कर्नाटक म्यूजिक में संस्कृत, तमिल, तेलुगु, कन्नड़ आ मलयालम में लिखल रचनन के बहुत इस्तेमाल होला, ओहिजा हिंदुस्तानी म्यूजिक में संस्कृत, हिंदुस्तानी (हिंदी-उर्दू), ब्रज, अवधी, भोजपुरी, बंगाली, राजस्थानी भाषा, पंजाबी आ फारसी में लिखल रचनन के बेसी इस्तेमाल होला।

हिंदुस्तानी संगीत के ज्ञान घराना] कहल जाए वाला शास्त्रीय सिस्टम आ नेटवर्क के माध्यम से सीखल-सिखावल जात रहल बाटे। हिंदुस्तानी संगीत उत्तर भारत के संस्कृति के एगो अभिन्न हिस्सा ह आ एकरा के देशवे भर में ना बलुक बिदेसो में प्रस्तुत कइल जाला। हिंदुस्तानी म्यूजिक के प्रमुख कलाकारन में उस्ताद बिस्मिल्लाह खान, पंडित भीमसेन जोशी आ रवि शंकर शामिल रहलें। कला के क्षेत्र में एह लोगन योगदान खातिर भारत के सर्वोच्च नागरिक सम्मान भारत रत्न तक ले से सम्मानित कइल गइल बा।