हारमट्टन

विकिपीडिया से
Harmattan haze surrounding Abuja National Mosque in Abuja
Harmattan haze over Ho, Ghana

हारमट्टन (अंग्रेजी: Harmattan; उच्चा.: हारम'ट'न) चाहे हरमट्टन[1] भा हरमट्टान पच्छिमी अफिरका में एगो सीजन आ एगो लोकल हवा हवे। ई सीजन आमतौर पर नवंबर के अंत से मार्च के मध्यकाल ले होखे ला। एह सीजन के बिसेसता गरम आ धूर भरल सूखल उतरही-पुरुआ ट्रेड विंड सभ होखे लीं जिनहन के एही नाँव हारमट्टन से जानल जाला आ ई लोकल हवा सहारा के रेगिस्तान से पच्छिमी अफिरका आ गिनी के खाड़ी के ओर बहे लीं। हारमट्टन नाँव ट्वी भाषा के शब्द हवे। तापमान आमतौर पर ठंढा होखे ला बाकी लोकल कंडीशन के हिसाब से गरम भी हो सके ला।

हारमट्टन सूखा के सीजन में बहे ले, अइसन तब होखे ला जब सुरुज नीचे होखे (मकर रेखा के आसपास सीधा चमकत होखे)। एह सीजन में उपोष्णकटिबंधी हाई प्रेशर रिज़ सहारा रेगिस्तान के ऊपर अस्थापित हो जाला आ एहिजे से इंटरट्रॉपिकल कन्वर्जेन्स जोन (ITCZ) के ओर उतरही-पुरुआ हवा बहे लीं। रेगिस्तान के ऊपर बहे के कारन हवा महीन रेत बालू के कन (0.5 से 10 माइक्रान साइज) उठा लेवे ले। ई वातावरण से चिपचिपाह गर्मी के सूखा हवा से बदल देवे ले जेकरा चलते उष्णकटिबंधी चिपचिपी गर्मी से राहत मिले ला एही कारन एह हवा के "डॉक्टर विंड" (डॉक्टर हवा) भी कहल जाला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. गर्ग, एच. एस. (3 दिसंबर 2021). जलवायु विज्ञान और समुद्र विज्ञान (हिंदी में). SBPD Publications. p. 67.