हाउस ऑफ द ड्रैगन

विकिपीडिया से

हाउस ऑफ द ड्रैगन एगो अमेरिकी फैंटेसी ड्रामा टेलीविजन सीरीज हवे। गेम ऑफ थ्रोंस (2011–2019) के प्रीक्वेल, एचबीओ ला जॉर्ज आर आर मार्टिन आ रयान कॉंडल के बनावल, ई फ्रेंचाइजी के दुसरा शो हवे। दुनो सीरीज मार्टिन के ए सांग ऑफ आइस एंड फायर उपन्यास पऽ आधारित बा। कोंडाल आ मिगेल सपोचनिक एह शोरनर बाड़े। उपन्यास फायर एंड ब्लड के कुछ हिस्सा पर आधारित ई सीरीज गेम ऑफ थ्रोन्स के घटना सभ से लगभग 200 साल पहिले, आ डेनेरिस टार्गेरियन के जनम से 172 साल पहिले के सेट कइल गइल बा। एह मे हाउस टार्गेरियन के अंत के सुरुआत के चित्रन कइल गइल बा, उत्तराधिकार के टार्गेरियन युद्ध से पहिले के घटना आ एकरा के कवर करे वाली घटना सभ के, जेकरा के "ड्डांस ऑफ द ड्रैगंस" के नाँव से जानल जाला।