Jump to content

हांस ज़िमर

विकिपीडिया से
हांस ज़िमर
2018 में ज़िम्मर
2018 में ज़िम्मर
Background information
Born (1957-09-12) 12 सितंबर 1957 (उमिर 68)
फ्रैंकफर्ट, पच्छिमी जर्मनी
Genres
Occupations
  • कंपोजार
  • म्यूजिक प्रोड्यूसर
  • संगीतकार
Years active1977–अबतक ले
Labels
  • Remote Control Productions
  • Bleeding Fingers Music
Spouses
  • Vicki Carolin
    (बि. 1982; तला. 1992)
  • Suzanne Zimmer
    (बि. 1995; तला. 2020)
Partner
डिना डि लुका (2023–अबतक)
Websitehanszimmer.com

हांस फ्लोरियन ज़िमर (अंग्रेजी: Hans Florian Zimmer[नोट 1]; जनम: 12 सितंबर 1957)[1][2] एगो जर्मन फिलिम म्यूजिक कंपोजर आ म्यूजिक प्रोड्यूसर बाड़ें। अपना लंबा आ सफल करियर में ऊ कई गो प्रतिष्ठित अवार्ड जीत चुकल बाड़ें। एह में दू गो अकादमी अवार्ड (ऑस्कर), एगो बाफ्टा अवार्ड, तीन गो गोल्डन ग्लोब अवार्ड आ पाँच गो ग्रैमी अवार्ड शामिल बा। एकरा अलावा, उनकरा सात गो प्राइमटाइम एमी अवार्ड खातिर नामांकन भी मिल चुकल बा। 2007 में द डेली टेलीग्राफ उनकरा के दुनिया के 100 गो सबसे प्रतिभाशाली जीवित व्यक्ति सभ में शामिल कइलस।

हांस ज़िमर के म्यूजिक के खासियत ई बा कि ऊ इलेक्ट्रॉनिक म्यूजिक के ध्वनि के पारंपरिक ऑर्केस्ट्रा के साथ जोड़ देलें। 1980 के दशक से अब तक ऊ 150 से अधिक फिलिमन खातिर म्यूजिक तैयार कइले बाड़ें। ऊ बेस्ट ओरिजिनल स्कोर खातिर दू बेर अकादमी अवार्ड जीत चुकल बाड़ें—पहिलका द लायन किंग (1994) खातिर आ दुसरका ड्यून (2021) खातिर।

हांस ज़िमर के प्रमुख रचना सभ में रेन मैन (1988), ग्लैडिएटर (2000), ब्लैक हॉक डाउन (2001), द लास्ट समुराई (2003), दि डार्क नाइट सिरीज (2005–2012), पाइरेट्स ऑफ द कैरिबियन सिरीज (2006–2011), इन्सेप्शन (2010), मैन ऑफ स्टील (2013), इंटरस्टेलर (2014), डनकर्क (2017), नो टाइम टू डाई (2021), ड्यून सिरीज (2021–) आ एफ1 (2025) शामिल बाड़ी।

  1. जर्मन pronunciation: [ˈhans ˈfloːʁi̯aːn ˈtsɪmɐ]
  1. "Hans Zimmer – Earth". BBC Teach (अंग्रेजी में). Archived from the original on 17 June 2024. Retrieved 17 June 2024.
  2. "German film score composer Hans Zimmer at 65". DW News. Archived from the original on 24 August 2024. Retrieved 30 July 2024.