Jump to content

हयग्रीव

विकिपीडिया से
हयग्रीव
ज्ञान के देवता[1]
हयग्रीव के एगो पेंटिंग, नटराज मंदिर, चिदंबरम
दूसर नाँवहयशीर्ष
संबंधित बाड़ेवैष्णव संप्रदाय
धामवैकुंठ
मंत्र"ज्ञानानन्दामयं देवं निर्मलास्फटिकाकृतीं । आधारं सर्वविद्यानां हयग्रीवम् उपासमे॥" (jñānānandamayaṃ devaṃ nirmala sphaṭikākṛtim / ādhāraṃ sarva viddyānāṃ hayagrīvaṃ upāsmahe //)
हथियारसुदर्शन चक्र पांचजन्य
Consortलक्ष्मी

हिंदू कथा सभ में हयग्रीव एगो हिंदू देवता, विष्णु के घोड़ा के सिर वाला अवतार, हवें। एह अवतार के मकसद एगो दानव के मारल रहे आ ओहू के नाँव हयग्रीवे (कश्यप आउर दनु के वंशज) रहल, जेकर सिर घोड़ा के रहे आ देहि मानव के रहे।[2] हयग्रीव के मंदिर आसाम में राजधानी गौहाटी से कुछ दूरी पर पौराणिक मणिकूट परबत पर बाटे जेकरा के आज्काल्ह हाजो के नाँव से जानल जाला।[3]

पुराणन में बर्णित कथा के अनुसार, सृष्टि के समय मधुकैटभ नाम के दू गो दानव ब्रह्मा से वेद चुरा लिहलें। तब विष्णु हयग्रीव के रूप धारण क के वेदन के वापस ले आइलें।[4] एगो अउरी दूसर कथा के अनुसार, सृष्टि के समय खुद विष्णु हयग्रीव रूप में वेद के संकलन (कंपाइल) कइलें।

हयग्रीव के विष्णु के दस अवतार में से एगो मानल जाला, जवन भागवत पुराण के दशम स्कंध, अध्याय 40 में उल्लेखित बा। एह ग्रंथ में, अक्रूर के प्रार्थना में हयग्रीव के नाम आवेला, जब ऊ यमुना नदी में स्नान करत समय दिव्य दर्शन कइलें।[5]

  1. Ninan, M. M. (23 June 2008). The Development of Hinduism. Madathil Mammen Ninan. ISBN 9781438228204.
  2. "The Hare Krsnas - Battles of Vishnu Avatars - Ajnana / Hayagriva". www.harekrsna.com. Retrieved 2021-11-15.
  3. Rai 2024.
  4. प्रसाद "मागध", p. 328.
  5. "Srimad Bhagavatam: Canto 10 - Chapter 40". bhagavata.org. Retrieved 2021-11-15.

ग्रंथ सूची

[संपादन करीं]