Jump to content

हम्मूराबी

विकिपीडिया से
Hammurabi (left) receiving his royal insignia from Shamash
बेबीलोन के राजा
Reignc. 1792 – c. 1750 BC
Predecessorसिन-मुबल्लित
Successorसम्सुईल्लूना
Bornc. 1810 BC
बेबीलोन
Diedc. 1750 (उमिर c. 60)
बेबीलोन

}}हम्मूराबी (अंग्रेजी: Hammurabi; /ˌhæmʊˈrɑːbi/; हैम्मु'राबी; ल॰1810 BC – c.1750 BC) बेबीलोन के अमोरी वंश के छठवाँ राजा रहलें।[1] उनकर शासनकाल लगभग ल॰1792 से ल॰1750 ई.पू. तक मानल जाला। उनकरा से पहिले उनकर पिता सिन-मुबल्लित राजा रहलें, बाकिर खराब सेहत के चलते ऊ राजगद्दी छोड़ दिहलें। अपना शासनकाल में हम्मुराबी लार्सा, एशनुन्ना आ मारी जइसन नगर-राज्यन पर विजय हासिल कइलें। ऊ इश्मे-दागान प्रथम, जे ऊपरी मेसोपोटामिया के शासक रहलें, के सत्ता से हटा दिहलें आ उनकर बेटा मुत-अशकुर के बेबीलोन के कर (ट्रिब्यूट) देवे खातिर बाध्य कइलें। एह तरह हम्मुराबी लगभग पूरा मेसोपोटामिया के बेबीलोन के शासन के अधीन ले अइलें।

हम्मुराबी अपना कानून के कोड, जेकरा के हम्मुराबी के बिधिसंहिता (अंग्रेजी में, कोड ऑफ़ हम्मुराबी)[2] के नाँव से जानल जाला, खातिर सबसे बेसी प्रसिद्ध बाड़ें। मान्यता बा कि ई विधि संहिता न्याय के बेबीलोनियन देवता शमाश से हासिल भइल रहे। पहिले के सुमेरी विधि संहिता, जइसे ऊर-नम्मू क विधि संहिता, मुख्य रूप से अपराध से पीड़ित व्यक्ति के क्षतिपूर्ति पर जोर देत रहे। एकरा विपरीत, हम्मुराबी संहिता अपराध करे वाला के शारीरिक दंड पर बेसी बल देवे वाली शुरुआती विधि संहितन में से एगो रहे। एह संहिता में हर अपराध खातिर अलग-अलग दंड निर्धारित कइल गइल रहे। ई सबसे शुरुआती विधि संहितन में से एगो हवे, जहाँ अपराध सिद्ध होखे से पहिले व्यक्ति के निर्दोष मानल जाई (निर्दोषता के अनुमान) के सिद्धांत मिलेला। एकर उद्देश्य ईहो रहे कि पीड़ित व्यक्ति बदला लेवे के नाम पर मनमानी ना कर सके। हम्मुराबी संहिता आ तोराह में वर्णित मूसा के कानूनन के बीच कई समानता नोट कइल गइल बा।

  1. "Hammurabi | Biography, Code, Importance, & Facts | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). 16 जून 2026. Retrieved 8 जुलाई 2026.
  2. "Code of Hammurabi: Laws & Facts". HISTORY.com (अंग्रेजी में). 9 नवंबर 2009. Retrieved 8 जुलाई 2026.