स्पेसक्राफ्ट
Appearance
स्पेसक्राफ्ट (अंग्रेजी: spacecraft) अइसन वाहन होला, जवन बाहरी अंतरिक्ष (आउटर स्पेस) में उड़े आ काम करे खातिर बनावल जाला। स्पेसक्राफ्ट के कई तरह के काम खातिर इस्तेमाल कइल जाला—जइसे कम्युनिकेशन, धरती के निगरानी (अर्थ ऑब्जरवेशन), मौसम विज्ञान, नेविगेशन, अंतरिक्ष में बसावट, ग्रहन के खोज (एक्सप्लोरेशन), आ आदमी आ सामान के ले बाहरी अंतरिक्ष तक ले ले जाए खातिर।
ज्यादातर स्पेसक्राफ्ट खुद से अंतरिक्ष में ना जा सकेला; एकरा खातिर लॉन्च व्हीकल (कैरियर रॉकेट) के जरूरत पड़ेला, जवन ओकरा के अंतरिक्ष तक पहुँचा देला। सिर्फ कुछ खास तरह के यान—जइसे सिंगल-स्टेज-टू-ऑर्बिट—ही खुद से अंतरिक्ष में जा सके लें। स्पेसक्राफ्ट सभ के अंतरिक्ष मे उड़ान के स्पेसफ्लाइट के नाँव से जानल जाला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]| ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |