Jump to content

स्टार्टअप कंपनी

विकिपीडिया से

स्टार्टअप कंपनी (अंग्रेजी: startup company) चाहे खाली भर स्टार्टअप भा स्टार्ट-अप, कौनों कंपनी भा प्रोजेक्ट होला जेकरा के आमतौर पर केहू एंटरप्रोनोर नया बिजनेस मॉडल खोजे, बनावे आ साबित करे खातिर शुरू करेला। एंटरप्रोनोरशिप में सभ तरह के नया बिजनेस आवेला, चाहे खुदे के रोज़गार होखे भा अइसन बिजनेस होखे जेकरा के पब्लिक करे (शेयर बजार में लिस्ट करे) के इरादा नाहियों होखे। बाकी स्टार्टअप ओह नया बिजनेस के कहल जाला जे सिंगल फाउंडर से आगे बढ़के अउरियो बड़हन होखे के मन बनवले होखे।[1]

सुरुआती दौर में स्टार्टअप सभ भारी अनिश्चितता आ असफलता के ऊँच दर से गुजरेला। बहुत सारा स्टार्टअप सुरुआते में बंद हो जालें; कुछ स्टार्टअप खास सफलता आ प्रभाव हासिल करेलें, आ उनहना में से कुछ ‘यूनिकॉर्न’ बन जालें — मने की, अइसन निजी कंपनी जेकरा के कीमत 1 अरब अमेरिकी डॉलर से बेसी हो जाय।

भारत में, स्टार्टअप ओह इकाई के कहल जाला जे DPIIT (Department for Promotion of Industry and Internal Trade) से मान्यता प्राप्त होखे, 10 साल से कम उमिर के होखे, आ प्राइवेट लिमिटेड कंपनी, पार्टनरशिप भा LLP के रूप में रजिस्टर्ड होखे। एह स्टार्टअप के सालाना टर्नओवर 100 करोड़ रुपये से अधिक ना होखे के चाहीं। सबसे जरूरी बात, स्टार्टअप के इनोवेशन, प्रोडक्ट, सर्विस भा प्रोसेस में सुधार करे के दिशा में काम करे के चाहीं आ रोजगार आ संपत्ति सृजन के महत्वपूर्ण क्षमता रखे के चाहीं।

  1. Ghosh, Monjima (21 दिसंबर 2024). "What is a Startup Business?". LegalWiz.in (अंग्रेजी में). Retrieved 2 अक्टूबर 2025.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]