सोलर हिजरी कैलेंडर
सौर हिजरी कैलेंडर भा सोलर हिजरी कलेंडर (अंग्रेजी: Solar Hijri Calendar), छोट रूप एसएच (SH), ईरान के ऑफिशियल कैलेंडर ह। एकर इस्तेमाल ईरान के साथे-साथ अफ्गानिस्तानो में होखे ला।[1] एकर फारसी नाँव फारसी: گاهشماری هجری خورشیدی, गाह-शोमारी-ये हेजरी-ये खोर्शीदी; आ पश्तो नाँव टेम्पलेट:Lang-ps,लमरीज लेगदीज कलीज ह।
एह कैलेंडर के साल ईरान के मानक मध्याह्न रेखा (52.5° पूर्वी देशांतर, UTC+03:30) पर मार्च के विषुव (equinox), यानी नवरोज (Nowruz), के दिन शुरू होला। एहमें हर साल 365 भा 366 दिन (लीप बरिस में) के होखे ला।
एह कैलेंडर के बारहों महीना में से हर महीना के संबंध राशि चक्र (zodiac) के कौनों एक ठो राशि से होला। पहिला छह महीना में 31-31 दिन, अगिला पाँच महीना में 30-30 दिन आ आखिरी महीना में सामान्य साल में 29 दिन होला। लीप साल में आखिरी महीना 30 दिन के होला। एह कैलेंडर के नया साल (1 नवरोज) हमेशा मार्च के विषुव के दिन पड़े ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ ""Calendars" in ''Encyclopaedia Iranica''". Iranicaonline.org. Retrieved 2012-08-11.