Jump to content

सोर्सफोर्ज

विकिपीडिया से
SourceForge
SourceForge logo since 2018
साइट के प्रकार
Software discovery platform for free hosting for open-source software project management and B2B software review & comparison directory
मालिकस्लैशडॉट मीडिया (2019–अबतक)[1]
BIZX, LLC (2016–2019)[2]
DHI Group, Inc. (2012–2016)
Geeknet, Inc. (1999–2012)
निर्माताVA Software
प्रमुख लोगLogan Abbott (प्रेसिडेंट)[2][3]
वेबसाइटsourceforge.net एकरा के विकिडेटा पर संपादित करीं
IPv6 सपोर्टYes
कॉमर्शियलYes
रजिस्ट्रेशनऑप्शनल (प्रोजेक्ट बनावे भा ज्वाइन करे खातिर जरूरत पड़े ला)
लॉन्च भइलनवंबर 1999; 27 years ago (1999-11)
वर्तमान स्थितिऑनलाइन

सोर्सफोर्ज (अंग्रेजी: SourceForge) सोर्स कोड रिपॉजिटरी होस्टिंग, बग ट्रैकिंग, डाउनलोड मिररिंग, डॉक्यूमेंटेशन खातिर विकी, डेवलपर आ यूजर मेलिंग लिस्ट, सपोर्ट फोरम, यूजर रिव्यू आ रेटिंग, न्यूज बुलेटिन आ प्रोजेक्ट अपडेट पब्लिश करे खातिर माइक्रो-ब्लॉग जइसन कई गो सुबिधा देला।

ई ओपन सोर्स प्रोजेक्ट खातिर फिरी में सेवा देवे वाला शुरुआती प्लेटफॉर्मन में से ह। 2012 से ई वेबसाइट अपाची अल्यूरा सॉफ्टवेयर पर चल रहल बा। सोर्सफोर्ज फ्री आ ओपन सोर्स सॉफ्टवेयर डेवलपर लोग खातिर फिरी में होस्टिंग आ साथे-साथ बीबिध किसिम के डेवलपमेंट टूल्स के सुविधा देला।

September 2020 तक ले सोर्सफोर्ज रिपॉजिटरी के दावा रहल कि ओहिजा 5,02,000 से अधिका संख्या में प्रोजेक्ट होस्ट कइल गइल रहलें आ 37 लाख से जादे रजिस्टर्ड यूजर मौजूद रहलें।

  1. ↑ "Slashdot Media to Merge with BIZX, LLC, Creating a Market Leader in B2B, Software, Technology, and Data". BusinessInsider.com. Archived from the original on January 12, 2020. Retrieved January 12, 2020.
  2. 1 2 "BIZX Subsidiary SourceForge Media, LLC Acquires Slashdot Media". Marketwire. January 28, 2016. Archived from the original on November 9, 2017. Retrieved October 15, 2016.
  3. ↑ Abbott, Logan (February 10, 2016). "SourceForge Acquisition and Future Plans". SourceForge. Retrieved January 1, 2017.