सोनम वांगचुक
सोनम वांगचुक | |
|---|---|
2017 में वांगचुक | |
| Born | 1 सितंबर 1966 |
| Alma mater | एनआइटी, श्रीनगर (बी.टेक.) CRAterre |
| Occupations | इंजीनियर, एजुकेटर |
| Organization | स्टूडेंट्स एजुकेशनल एंड कल्चरल मूवमेंट ऑफ लद्दाख |
| Known for | आइस स्तूपा, SECMOL, लडाग मेलोंग, ऑपरेशन न्यू होप |
| Spouse | गीतांजलि जे. आंग्मो[1] |
| Parents |
|
| Awards | ग्लोबल अवार्ड फॉर सस्टेनेबल आर्किटेक्चर (2017)[2] फ़्रेड एम, पैकार्ड अवार्ड (2016) [3] रोलेक्स अवार्ड फॉर एंटरप्राइज (2016)[4] रियल हीरोज अवार्ड (2008) अशोका फेलोशिप फॉर एंटरप्रेन्योरशिप (2002)[5] रैमोन मैग्सेसे अवार्ड (2018)[6] |
| Website | www |
सोनम वांगचुक (अंग्रेजी: Sonam Wangchuk; जनम: 1 सितंबर 1966) भारतीय इंजीनियर,[7][8][9] सामाजिक कार्यकर्ता (एक्टिविस्ट), नवप्रवर्तक (इनोवेटर), शिक्षा सुधारक आ पर्यावरणविद् बाड़ें।[10] ऊ स्टूडेंट्स एजुकेशनल एंड कल्चरल मूवमेंट ऑफ लद्दाख (SECMOL) के संस्थापक-निदेशक बाड़ें। एह संस्था के स्थापना 1988 में कुछ अइसन छात्रन द्वारा कइल गइल रहे, जे सोनम वांगचुक के अनुसार, लद्दाख पर थोपल गइल शिक्षा व्यवस्था के पीड़ित रहलें। सोनम वांगचुक SECMOL कैंपस के डिजाइन करे खातिर भी प्रसिद्ध बाड़ें। ई पूरा कैंपस खाली भर सौर ऊर्जा पर चलेला आ एहमें खाना बनावे, रोशनी आ गरमाहट खातिर जीवाश्म ईंधन (फॉसिल फ्यूल) के तनिको इस्तमाल ना कइल जाला।
सोनम वांगचुक के 1994 में शुरू भइल ऑपरेशन न्यू होप के शुरुआत में महत्वपूर्ण भूमिका रहल। ई सरकार, गाँव के समुदाय आ नागरिक समाज के साझा पहल रहे, जेकर मकसद सरकारी इस्कूलन के शिक्षा बेवस्था में सुधार कइल रहे। वांगचुक चेवांग नोरफेल द्वारा बनावल गइल कृत्रिम हिमनद (आर्टिफिशियल ग्लेशियर) से प्रेरित भइलें। बाद में ऊ एकर आपन खुद के तरीका बिकसित कइलें, जे आइस स्तूपा टेकनीक के नाँव से जानल जाला। एह टेकनीक में जाड़ा के पानी के शंकु आकार के बर्फ के ढेर के रूप में जमा कइल जाला, ताकि बाद में, गर्मी के दिनन में जरूरत पड़ला पर ओकर इस्तमाल हो सके।[11]
सोनम वांगचुक लद्दाख के शिक्षा क्षेत्र, जलवायु से जुड़ल चुनौती आ लोकल समस्या सभ के इनोवेटिव समाधान खातिर ब्यापक रूप से सम्मानित भइल बाड़ें। 2025 तक उनकरा के करीबन 15 गो पुरस्कार आ अवार्ड मिल चुकल बाड़ें। एहमें रैमन मैग्सेसे अवार्ड (2018), आईआईटी मंडी द्वारा दिहल गइल हिमालयी क्षेत्र के विशिष्ट प्रौद्योगिकीविद् (2018) के सम्मान, आ ग्लोबल अवॉर्ड फॉर सस्टेनेबल आर्किटेक्चर (2017) शामिल बाड़ें।[12]
सोनम वांगचुक मई 2026 में कॉकरोच जनता पार्टी के गठन के बाद एह आंदोलन के समर्थन में आगे अइलें। एह पार्टी के गठन भारत के तत्कालीन मुख्य न्यायाधीश सूर्यकांत द्वारा बेरोजगार युवा कार्यकर्ता सभ के "कॉकरोच" से तुलना करे संबंधी टिप्पणी के बाद भइल रहे। वांगचुक अपना के "मानद कॉकरोच" बतावत एह आंदोलन के समर्थन कइलें। वांगचुक नई दिल्ली के जंतर मंतर पर कॉकरोच जनता पार्टी द्वारा आयोजित कइल गइल प्रदर्शन में प्रमुख रूप से शामिल रहलें। एह प्रदर्शन में 2026 के नीट के पेपर लीक होखे आ सीबीएसई के ऑन-स्क्रीन मूल्यांकन में कथित अनियमितता के मुद्दा पर धर्मेंद्र प्रधान से केंद्रीय शिक्षा मंत्री के पद से इस्तीफा देवे के माँग कइल गइल। 28 जून से वांगचुक ऑल इंडिया स्टूडेंट्स एसोसिएशन (AISA) के छह छात्रन के साथे अनिश्चितकालीन भूख हड़ताल शुरू कइलें जे जुलाई में भी जारी बाटे। एह दौरान कई मीडिया सेलिब्रिटी, फ़िल्मी हस्ती आ राजनीतिक नेता लोग उनुके समर्थन में आइल।[13] शनीचर, 18 जुलाई के पुलिस वांगचुक के जबरन ले जा के सफ़दरजंग अस्पताल में भर्ती करा दिहलस।[14] सरकार के बातचीत आ सस्म्या सुल्झावे के आश्वासन के बाद बियफे, 23 जुलाई के, 26 दिन के बाद ऊ आपन अनशन खतम कइलन।[15][16]
सुरुआती जिनगी
[संपादन करीं]सोनम वांगचुक के जनम 1966 में भारत के तत्कालीन जम्मू अउरी काश्मीर राज्य (अब लद्दाख केंद्र शासित प्रदेश) के अलची गाँव के नगीचे, लेह जिला में भइल। उनकर पिता सोनम वांग्याल भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के राजनेता रहलें, जबकि उनुकर माई के नाम सेरिंग वांगमो रहे। गाँवे में इस्कूल ना होखे के कारण वांगचुक के 9 बरिस के उमिर तक कौनो इस्कूल में दाखिला ना हो सकल। एह दौरान उनकर माई सेरिंग वांगमो अपना मातृभाषा में उनकर सुरुआती पढ़ाई-लिखाई करवली।
1975 में सोनम वांगचुक के पिता सोनम वांग्याल भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के जम्मू-कश्मीर सरकार में चुनल गइलें आ मंत्री बनलें। 9 बरिस के उमिर में सोनम वांगचुक के श्रीनगर ले जाइल गइल आ ओहिजा के एगो इस्कूल में उनकर दाखिला करावल गइल। बाकी लड़िकन से अलग देखाई देवे आ लोकल भाषा ना समझे के कारण लोग उनकरा से अइसन भाषा में करे जे ऊ ना बूझ पावें। एह कारण उनकर चुप्पी के लोग गलती से कम बुद्धिमान होखे के निशानी मान लिहल। वांगचुक एह समय के अपना जीवन के सबसे कठिन दौर माने लें। एह किसिम के बेह्वार से से परेशान होके 1977 में ऊ अकेले दिल्ली भागि अइलें, उहँवा ऊ एगो केंद्रीय विद्यालय के प्रधानाचार्य से मिलके आपन समस्या बतवलें।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Innovator, national asset: Anand Mahindra on meeting real life 'Phunsukh Wangdu'". Business Today. 7 April 2022. Retrieved 30 September 2025.
- ↑ Rana, Nikita (2 June 2017). "World Environment Day 2017: Sonam Wangchuk's ice stupas ensure there's water in Ladakh". फर्स्टपोस्ट.
- ↑ "Packard Awardees". IUCN. 10 June 2020. Archived from the original on 18 February 2020. Retrieved 15 July 2026.
- ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>tag; no text was provided for refs named "ht1". - ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>tag; no text was provided for refs named "Hindu List". - ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>tag; no text was provided for refs named "ashoka". - ↑ "Rolex Partnerships - The engineer helping Himalayan farmers by creating artificial glaciers". rolex.org (अंग्रेजी में). Archived from the original on 2025-12-16. Retrieved 2026-06-30.
- ↑ "Event information". NobelPrize.org (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-06-30.
- ↑ "Extraordinary Indians: Sonam Wangchuk's Mission to Reimagine Schools, Water, and Work in the Himalayas". www.readersdigest.in. Retrieved 2026-06-30.
- ↑ Varghese, Shiny (17 November 2016). "The green drive: Indian wins Rolex Award for philanthropic work". The Indian Express. Retrieved 30 September 2025.
- ↑ "The Ice Man of Ladakh building artificial glaciers in the Himalayas". www.bbc.com (अंग्रेजी में). 2024-06-13. Retrieved 2026-07-14.
- ↑ Masood, Bashaarat (27 September 2025). "Innovator to 'provocateur', Wangchuk's equation with Delhi changed over 3 decades". The Indian Express. Retrieved 30 September 2025.
- ↑ "'ये लड़ाई चुनी हुई सरकार की जवाबदेही के लिए है': सोनम वांगचुक के समर्थन में कौन-कौन सेलिब्रिटी आया". BBC News हिंदी (Hindi में). 14 जुलाई 2026. Retrieved 15 जुलाई 2026.
- ↑ "सोनम वांगचुक: भूख हड़ताल पर बैठे शख़्स को क्या जबरन हटाया जा सकता है? क्या कहते हैं कोर्ट के फ़ैसले". BBC News हिंदी (Hindi में). 18 जुलाई 2026. Retrieved 19 जुलाई 2026.
- ↑ "सोनम वांगचुक के उपवास तोड़ने को कैसे देखा जा रहा है, अब आंदोलन का क्या होगा?". BBC News हिंदी (Hindi में). 24 जुलाई 2026. Retrieved 24 जुलाई 2026.
- ↑ "कांग्रेस का वो सांसद, जिसने सोनम वांगचुक का अनशन तुड़वाने में की मोदी सरकार की सबसे बड़ी मदद". जनसत्ता (Hindi में). 24 जुलाई 2026. Retrieved 24 जुलाई 2026.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- Official website
- Sonam Wangchuk is saving the world one ice stupa at a time, at GQ (Indian edition)
- Sonam Wangchuk's Interview at News Nation
- Education in India: Are students failing or the system? Archived 2017-06-21 at the Wayback Machine at TED talk
| ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |