सैंड्रो बॉटिचेली
सैंड्रो बॉटिचेली Sandro Botticelli | |
|---|---|
साइत खुद के बनावल पोर्ट्रेट एडोरेशन ऑफ़ दि मैगी (1475) में। | |
| जनम | अलेस्सांद्रो दी मारियानो दी वान्नी फ़िलिपेपी (Alessandro di Mariano di Vanni Filipepi) ल॰ 1445[1] फ़्लोरेंस, फ़्लोरेंस रिपब्लिक (अब इटली) |
| निधन | मई 17, 1510 (उमिर 64–65)[2][3] फ़्लोरेंस, फ़्लोरेंस रिपब्लिक |
| शिक्षा (पढ़ाई) | फिलिप्पो लिप्पी |
| परसिद्धि | पेंटिंग (चित्रकारी) |
| परसिद्ध काम | प्राइमावेरा दि बर्थ ऑफ़ वीनस |
| आंदोलन | इटैलियन रेनेसां |
| दसखत | |
अलेस्सांद्रो दी मारियानो दी वान्नी फ़िलिपेपी जिनका के परसिद्ध नाँव सैंड्रो बॉटिचेली (अंग्रेजी: Sandro Botticelli)[a] मध्यकालीन इटली में सुरुआती रेनेसां के दौर के एगो चित्रकार (पेंटर) रहलें। बॉटिचेली के जनम इटली के फ़्लोरेंस शहर में भइल रहे आ उनुके बाबूजी चमड़ा के काम (टैनिंग) करें, बॉटिचेली के सोनार के इहाँ अप्रेंटिस के रूप में भेजल गइल बाकी उनुके पेंटिंग में रुचि देख के अंत में फ़्लोरेंस के सभसे बेहतरीन कलाकार फिलिप्पो लिप्पी के चेलहाई में भेज दिहल गइल।
बॉटिचेली के बनावल कई पेंटिंग उनुके जिनगिये में परसिद्ध भइली स बाकी बाद में उनुके ओतना पहिचान ना रहि गइल। जब 19वीं सदी में प्री-रफ़ाएलिस्ट लोगन द्वारा उनुके काम के दोबारा से समालोचना कइल गइल तबसे उनके असली परसिद्धि हासिल भइल जे आजुओ बा। इनके माइथोलैजिकल कथा सभ के आधार बना के रचल पेंटिंग वीनस एंड मार्स आ बर्थ ऑफ़ वीनस सभसे परसिद्ध रचना हई स। एकरे अलावा ईसाई धरम आधारित काम परसिद्ध बाने काहें कि बॉटिचेली अपना पेंटिंग के कैरियर के सुरुआत चर्च आ कैथेड्रल सभ में फ्रेस्को (देवाल पर चित्रकारी) बनावे से कइले रहलें।[5]
नोट
[संपादन करीं]- ↑ Botticelli के उच्चारन मूल इतालवी भासा में बॉटिचेली /ˌbɒtɪˈtʃɛli/ BOT-ih-CHEL-ee; इटैलियन: [ˈsandro bottiˈtʃɛlli]) होला हालाँकि, गलती से c देख के कुछ लोग एकर देवनागरी रूप बॉटिकेली भा बॉटिसेली लिख देवे ला। मूल इटैलियन उच्चारण के सभसे करीब 'च' के उच्चारण हवे। नाँव के पाछे के कहानी ई हवे कि इनके सभसे बड़का भाई के नाँव जियोवानी (Giovanni) रहलन जे बहुत मोट, गोल-मटोल आ भारी-भरकम रहलें। उनुके एह किसीम के शारीरिक बनावट के कारन लोकल लोग मज़ाक में, रिगावे खाती, उनुका के 'बॉटिसेलो' (Botticello) कहे लागल, जेकर इतालवी भाषा में मतलब 'पीपा' भा 'बैरल' होला। धीरे-धीरे ई उपनाम पूरे परिवार के संघे जुड़ गइल आ अब जबकी अलेस्सांद्रो अपना भाई से बहुत छोट रहलें, उनके 'बॉटिचेली' कहल जाए लागल जेकर मतलब छोटहन पीपा भा बैरल होखी।[4] इनकर पूरा नाँव अंग्रेजी में Alessandro di Mariano di Vanni Filipepi लिखल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Ettlingers, 7. Other sources give 1446, 1447 or 1444–45.
- ↑ "Sandro Botticelli – Biography and Legacy". theartstory.org..
- ↑ Edelstein, Bruce (Dec 21, 2020). "Botticelli in the Florence of Lorenzo the Magnificent". Sotheby's..
- ↑ Lightbown, Ronald W. (29 अगस्त 2026). "Sandro Botticelli | Biography, Paintings, Birth of Venus, Primavera, & Facts | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया. Retrieved 14 सितंबर 2026.
{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link) - ↑ "Sandro Botticelli (about 1445 - 1510) | National Gallery, London". www.nationalgallery.org.uk (अंग्रेजी में). दि नेशनल गैलरी. Retrieved 14 सितंबर 2026.
| ई कलाकार-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |