Jump to content

नींद

विकिपीडिया से
(सुतल से अनुप्रेषित)
सुतल लइकन के।

नींद एगो प्राकृतिक रूप से आवर्ती चेतना के स्थिति हवे जेकर बिसेसता अपेक्षाकृत निलंबित संवेदी आ मोटर गतिविधि होला, अउर लगभग सगरी स्वैच्छिक मांसपेशी सभके निष्क्रियता होला। एकरा के पूरा तरीका से जागल होखे के स्थिति से अलग-अलग कइल जाला, जब उत्तेजना के प्रतिक्रिया देवे के क्षमता कम हो जाला, आ तब बेहोशी से, काहें नींद एगो एनाबॉलिक अवस्था हवे जे बढ़ती के बढ़ावा देला अउर प्रतिरक्षा, नर्वस, कंकाल, आ मांसपेशी सिस्टम के काया कल्प करेला। ई सभ स्तनधारी, सभ चिरई, आ कई सरीसृप, उभयचर, आ मछरी सभ में देखल जाला । ई त अत्यावश्यक बा। एगो खास उमिर के लोग के निर्धारित सीमा में सुतल के पड़े ला। जईसे शरीर के खाना के ज़रूरत होखेला, वइसे ही ओसही नींद भी जरूरी होखेला। नींद के मकसद अवुरी प्रक्रिया आंशिक रूप से ही साफ़ बा, अवूरी एकरा प व्यापक शोध के विषय बा ।