Jump to content

सी. जोसेफ विजय

विकिपीडिया से
सी. जोसेफ विजय
2018 में विजय
तमिलनाडु के मुख्यमंत्री
Taking office
10 मई 2026
गवर्नरराजेंद्र आर्लेकर
Succeedingएम. के. स्टालिन
तमिनाडु बिधानसभा के एमएलए
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
4 मई 2026
इनसे पहिलेआर. डी. शेखर
सीट
  • पेरंबुर सीट
  • त्रिची पूरबी सीट
तमिलग वेत्री कजगम (टीवीके) के प्रेसिडेंट
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
2 फरवरी 2024
जनरल सेक्रेटरीएन. आनंद
निजी जानकारी
जनमचंद्रशेखर जोसेफ विजय
(1974-06-22) 22 जून 1974 (उमिर 52)
मद्रास, तमिलनाडु, भारत
राजनीतिक पार्टीतमिलग वेत्री कजगम (2024 से)
जीवनसाथी
संगीता सोर्णलिंगम
(बि. 1999; अलग. 2026)
[1][2]
संतान2
महतारीशोभा चंद्रशेखर
पिताएस. ए. चंद्रशेखर
पढ़ाईलोयोला कॉलेज, चेन्नई (पढ़ाई पूरा ना भइल)
अकुपेशन
  • एक्टर
  • राजनीतिक नेता
पुकार नाँवदलपति (माने, सेनापति)[3]

चंद्रशेखर जोसेफ विजय जिनका के दलपति विजय[नोट 1] के नाँव से भी जानल जाला, एक्टर के रूप में कैरियर सुरू करे वाला भारतीय राजनीतिक नेता आ तमिलनाडु के वर्तमान मुख्यमंत्री बाड़ें। ऊ राजनीतिक पार्टी तमिलग वेत्री कजगम के अध्यक्ष हवें जे 2026 के तमिनाडु बिधानसभा चुनाव में उनकर पार्टी 108 सीट जीतलस,[4] जेकरा के एगो बड़हन राजनीतिक उपलब्धि मानल गइल आ ई पार्टी तमिलनाडु में सरकार बनवलस।

एक्टर के रूप में कैरियर के सुरुआत करे वाला विजय, तमिल सिनेमा में तीन दशक से बेसी करियर में 69 गो फिल्मन में काम कइले बाने आ भारत के सबसे अधिका फीस लेवे वाला एक्टर लोग में गिनल गइलें। ऊ बाल कलाकार के रूप में वेत्री फिल्म से डेब्यू कइले रहलन। बाद में अपना बाबूजी के निर्देशित नालैया तीर्पू में पहिली बेर मेन हीरो के रोल कइलें। रोमांस फिलिम सभ जइसे पूव उनाक्कगा, लव टुडे, कदलुक्कु मरियादई, दुलत मनामुम तुल्लुम, कुशी, प्रियमानवालेफ्रेंड्स से उनकरा खूब पॉपुलरटी मिलल। एकरा बाद ऊ एक्शन फिल्मन के ओर बढ़लें आ तिरुमलै, गिल्ली, तिरुपाची, आ पोक्किरी जइसन कमर्शियल हिट फिल्म दिहलें। 2010 के दशक के शुरुआत से ऊ कई गो क्रिटिकल आ कमर्शियल रूप से सफल फिलिम सभ में में नजर अइलें, जइसे तुप्पक्की, कतिती, मेर्साल, सरकार, मास्टर, लियोदि ग्रेटेस्ट ऑफ आल टाइम। एह में से कई गो फिलिम तमिल सिनेमा के सबसे बेसी कमाई करे वाली फिलिम सभ में गिनल जालीं, आ एह खातिर विजय के कई अवार्ड आ नामांकन मिलल चुकल बाड़ें।

फरवरी 2024 में विजय फिल्मन से अपना रिटायरमेंट के घोषणा कइलें आ अपना राजनीतिक पार्टी तमिलग वेत्री कजगम (टीवीके) के लॉन्च के संघे राजनीति में प्रवेश कइले। उनकर आखिरी फिलिम जन नायगन अबले रिलीज नइखे भइल। 2026 के तमिलनाडु बिधानसभा चुनाव, 2026 में उनकर पार्टी विधानसभा में सबसे बड़ा दल बन के उभरल, हालाँकि पार्टी बहुमत के आँकड़ा तक ना पहुँचे खातिर अउरी कई पार्टी सभ के समर्थन लेवे के पड़ल।[5][6]

  1. हिंदी समाचारन में अक्सरहा एकरा के गलती से थलपति भा थलापति लिख दिहल जाला। मूल उच्चारण दलपति हवे जेकर अरथ सेनापति होखे ला।
  1. "Actor-politician Vijay's wife Sankgeetha files for divorce". The News Minute. 5 February 2026.
  2. "Who Is Vijay's Wife Sankgeetha Sornalingam, Who Filed For Divorce After 26 Years Of Marriage?". NDTV (अंग्रेजी में). 27 February 2026. Archived from the original on 4 March 2026. Retrieved 4 March 2026.
  3. "The Indian superstar whose political rally turned fatal for dozens". BBC. Archived from the original on 29 September 2025. Retrieved 29 September 2025.
  4. "तमिलनाडु: विजय की पार्टी को सरकार बनाने का न्योता क्यों नहीं मिला, राज्यपाल ने बताया कारण". BBC News हिंदी (Hindi में). 7 मई 2026. Retrieved 7 मई 2026.
  5. "TVK storms Tamil Nadu, eclipses DMK and AIADMK but falls short of majority: What next for Vijay?". The Times of India. 4 May 2026. ISSN 0971-8257. Retrieved 4 May 2026.
  6. Kumar, D. Suresh (4 May 2026). "TVK chief Vijay makes stunning debut, disrupts T.N.'s bipolar politics but falls short of magic figure". The Hindu (अंग्रेजी में). ISSN 0971-751X. Retrieved 4 May 2026.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]