सिनॉप्टिक क्लाइमेटोलॉजी
सिनॉप्टिक जलवायु बिज्ञान (अंग्रेजी: Synoptic climatology), वायुमंडलीय बिज्ञान के अंतर्गत जलवायु बिज्ञान के एगो उपशाखा हवे। एहमें स्थानीय भा क्षेत्रीय जलवायु के, बड़ स्तर के भा वैश्विक वायुमंडलीय परिसंचरण के प्रतिरूप (पैटर्न) से जोड़ के अध्ययन कइल जाला। सिनॉप्टिक शब्द प्राचीन यूनानी भाषा के "सिनॉप्टिकोस" शब्द से बनल बा, जेकर अर्थ "एक साथ देखल" भा "समग्र रूप से देखल" होला। एह कारण सिनॉप्टिक जलवायु बिज्ञान के मुख्य मकसद लोकल आ क्षेत्रीय जलवायु के वायुमंडलीय परिसंचरण से जोड़ के बिस्लेषण कइल बा।
एकरा के वायुमंडलीय परिसंचरण (पूरा पृथिवी के वायुमंडल के सर्कुलेशन) के आधार पर जलवायु के अध्ययन भी कहल जाला। ई शाखा वायुमंडलीय सर्कुलेशन, मौसम संबंधी घटना आ जलवायु में पावल जाए वाली क्षेत्रीय भिन्नता के बीच के संबंध पर विशेष जोर देले।
सिनॉप्टिक जलवायु बिज्ञान के सिनॉप्टिक मौसम बिज्ञान से घनिष्ठ संबंध बा।
| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |