सिक्योरिटी हैकर
सिक्योरिटी हैकर भा सिक्योरिटी रिसर्चर ऊ व्यक्ति होला, जे कंप्यूटर सिस्टम चाहे नेटवर्क के सुरक्षा के तूरे भा बायपास करे के तरीका खोजेला, आ एकरा खातिर ओह सिस्टम भा सिक्योरिटी में मौजूद कमजोरी के इस्तेमाल करेला।[1] हैकर लोग अलग-अलग कारण से काम कर सकेला—जइसे मुनाफा कमावे, विरोध जतावे, नुकसान पहुँचावे, जानकारी जुटावे,[2] चुनौती (चैलेंज) खातिर, मनोरंजन खातिर, या फिर अच्छा नीयत से सिस्टम के कमजोरी समझ के ओकरा के मजबूत बनावे खातिर।
“हैकर” शब्द के मतलब पर काफी समय से बहस चलत आइल बा। एह बहस में कुछ कंप्यूटर प्रोग्रामर कहेलन कि “हैकर” के मतलब बस अइसन व्यक्ति हवे, जवन कंप्यूटर आ नेटवर्क के गहराई से समझ रखेला।[3] ओह लोग के अनुसार, जवन लोग कंप्यूटर में घुसपैठ करेला, ओकरा खातिर "क्रैकर" (“cracker”) शब्द जादे सही बा—चाहे ऊ अपराधी होखे (ब्लैक हैट) या सिक्योरिटी एक्सपर्ट (ह्वाइट हैट)।[4][5] 2014 के एगो लेख में बतावल गइल कि आम जनता के बीच “हैकर” के मतलब आजो ज्यादातर नकारात्मक (ब्लैक हैट) रूप में समझल जाला।[6] हैकर लोग के चारों ओर बनल कल्चर भा उप-संस्कृति के अक्सर “कंप्यूटर अंडरग्राउंड” कहल जाला।[7]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Gao, Xing (2015). "Information security investment for competitive firms with hacker behavior and security requirements". Annals of Operations Research. 235: 277–300. doi:10.1007/s10479-015-1925-2. S2CID 207085416.
- ↑ Winkler, Ira. Spies Among Us: How to Stop the Spies, Terrorists, Hackers, and Criminals You Don't Even Know You Encounter Every Day. John Wiley & Sons. 2005. pg. 92. ISBN 9780764589904.
- ↑ "The Hacker's Dictionary". Archived from the original on November 8, 2020. Retrieved 23 May 2013.
- ↑ Political notes from 2012: September–December Archived दिसंबर 9, 2012 at the Wayback Machine. stallman.org.
- ↑ Raymond, Eric S. "Jargon File: Cracker". Archived from the original on June 29, 2011. Retrieved May 8, 2010.
Coined ca. 1985 by hackers in defense against journalistic misuse of hacker.
- ↑ Yagoda, Ben (6 March 2014). "A Short History of 'Hack'". The New Yorker. Archived from the original on November 10, 2015. Retrieved 21 June 2019.
Although Lifehacker and other neutral or positive applications of the word [hack] are increasingly prominent, the black-hat meaning still prevails among the general public.
- ↑ Meyer, Gordon R. (11 March 2022). "The social organization of the computer underground". Huskie Commons. Retrieved 30 March 2026.
| ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |