सावन के सोमार
Appearance
सावन के सोमार (हिंदी: श्रावण का सोमवार) हिंदू कलेंडर के सावन महीना के सोमार दिन होखे लें; ई हिंदू धर्म में बिसेस शुभ सोमार मानल जालें। आमतौर प सोमार के शिव के पूजा के दिन (वार) मानल जाला आ सावन (श्रावण) महीना के शिव के महीना मानल जाला; एह दुनों के कंबीनेशन में पड़े वाला - सावन के महीना आ सोमार दिन - अउरी बिसेस हो जालें।[1] बहुत सारा हिंदू लोग एह सोमार सभ के बरत (उपवास भा भुक्खल) रखे ला।
आमतौर प सावन के महीना में चार गो सोमार पड़े लें बाकी कभी-कभार पाँच गो सोमार पड़ जालें। 2024 में सावन में पाँच गो सोमार पड़ल रहलें जब महीना के सुरुआत आ अंत दुनों सोमार के भइल रहल।[2]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Sawan Phela Somwar 2026: सावन के पहले सोमवार पर बन रहा सुकर्मा योग, जानिए शुभ मुहूर्त, पूजा- विधि और उपाय". Jansatta (Hindi में). 2 अगस्त 2026. Retrieved 2 अगस्त 2026.
- ↑ "सावन में पांच सोमवार, पांच राजयोग और पांच योग का बन रहा संयोग, मनोरथ पूर्ति अनुष्ठान आज से". अमर उजाला (Hindi में). 22 जुलाई 2024. Retrieved 2 अगस्त 2026.
| ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |