Jump to content

साई पल्लवी

विकिपीडिया से

साई पल्लवी सैंथामरइ कन्नन (जनम: 9 मई 1992) एगो भारतीय एक्ट्रेस बाड़ी, जे मुख्य रूप से तमिल आ तेलुगु फिलिमन में काम करेली। साई पल्लवी कई गो अवार्ड हासिल कइले बाड़ी। एह में तमिलनाडु राज्य फिलिम अवार्ड, सात गो फिल्मफेयर अवार्ड साउथ आ तीन गो साउथ इंडियन इंटरनेशनल मूवी अवार्ड (SIIMA) शामिल बा। 2021 में तमिलनाडु सरकार उनकरा के कलैमामणि सम्मान से नवाजलस।

मुख्य एक्ट्रेस के रूप में साई पल्लवी के एक्टिंग करियर 2015 में मलयालम रोमांटिक फिलिम प्रेमम से शुरू भइल। एह फिलिम में उनकर एक्टिंग के खूब सराहना मिलल आ उनकरा बेस्ट फीमेल डेब्यू – साउथ के फिल्मफेयर अवार्ड मिलल। 2017 में ऊ फिदा फिलिम से तेलुगु सिनेमा में कदम रखली, जवना खातिर उनकरा बेस्ट एक्ट्रेस – तेलुगु के फिल्मफेयर अवार्ड मिलल।

साई पल्लवी काली (2016), मिडिल क्लास अब्बायी (2017), मारी 2 (2018), पावा कधाइगल (2020), लव स्टोरी (2021), श्याम सिंघा रॉय (2021), गार्गी (2022), अमरन (2024) आ थंडेल (2025) जइसन फिलिमन में एक्टिंग कइले बाड़ी।

उनकर गीत "राउडी बेबी" यूट्यूब पर एक अरब (1 बिलियन) से अधिक बार देखल जाए वाला पहिलका दक्षिण भारतीय बीडियो गीत बनल। गार्गी, अमरन आ लव स्टोरी में उनकर एक्टिंग खातिर उनकरा क्रमशः तमिल आ तेलुगु श्रेणी में बेस्ट एक्ट्रेस के फिल्मफेयर अवार्ड मिलल। जबकि श्याम सिंघा रॉय आ विराट पर्वम (2022) में उनकर एक्टिंग खातिर उनकरा फिल्मफेयर क्रिटिक्स अवार्ड फॉर बेस्ट एक्ट्रेस – तेलुगु से सम्मानित कइल गइल। 2020 में फोर्ब्स पत्रिका उनकरा के भारत के "30 अंडर 30" के सूची में शामिल कइलस।