Jump to content

साइबर सिक्योरिटी

विकिपीडिया से
कंप्यूटर सिक्योरिटी आ डेटा प्रोटेक्शन के चीन्हा के रूप में ग्राफिक विजुअलाईजेशन

साइबर सिक्योरिटी (अंग्रेजी: Cyber security) चाहे साइबरसिक्योरिटी (अंग्रेजी: Cybersecurity) अइसन तरीका सभ के इस्तेमाल ह जे कंप्यूटर सिस्टम, नेटवर्क आ डेटा के डिजिटल हमला भा साइबर हमला से बचावेला। ई पूरा सोच सी-आई-ए ट्रायड (सीआइए के सुझावल तीन बिंदु) पर टिकल बा: काॅन्फिडेन्शियलिटी — जानकारी पर पहुँच सिर्फ ओही लोग खातिर होखे, जेकरा के इजाजत बा; इंटीग्रिटी — डेटा सही-सलामत रहे, आ बिना वजह बदले ना; आ अवेलेबिलिटी — सिस्टम ओह बखत उपलब्ध रहे, जब जरूरत होखे।

असल में साइबर सुरक्षा खातिर कई हिस्सा पर परत-दर-परत डिफेन्स के गहिराई वाला तरीका अपनावल जरूरी होला:

नेटवर्क सिक्योरिटी
फायरवॉल, वी-पी-एन, आ इंट्रूज़न डिटेक्शन सिस्टम (आई-डी-एस) जइसन तरीका से भीतरी नेटवर्क के बाहर वाला घुसपैठिया से बचाव कइलल।
क्लाउड सिक्योरिटी
ओह डेटा आ एप्लिकेशन के सुरक्षित राखल, जे ए.डब्ल्यू.एस., एज़्योर, आ गूगल क्लाउड जइसन प्लेटफ़ॉर्म पर चलत होखे।
एंडपॉइंट सिक्योरिटी (कंप्यूटर सिक्योरिटी)
लैपटॉप, स्मार्टफोन, आ आई-ओ-टी डिवाइस वगैरह जइसन नेटवर्क में घुसत जगह के एंटीवायरस आ ई-डी-आर (एंडपॉइंट डिटेक्शन एंड रिस्पॉन्स) से सुरक्षित रखल।
एप्लिकेशन सिक्योरिटी
सुरक्षित कोडिंग तरीका आ वेब एप्लिकेशन फायरवॉल (डब्ल्यू-ए-एफ) के इस्तेमाल से सॉफ्टवेयर में खतरा घुसे से रोकल।
आइडेंटिटी आ एक्सेस मैनेजमेंट (आई-ए-एम)
कवन चीज पर कवन आदमी पहुँच पाई, एहके नियंत्रण मल्टी-फैक्टर ऑथेन्टिकेशन (एम-एफ-ए) आ लीस्ट प्रिविलेज के सिद्धांत से कइल जाला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]