Jump to content

सम्राट चौधरी

विकिपीडिया से
सम्राट चौधरी
2026 में चौधरी
24वाँ नंबर के, बिहार के मुख्यमंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
15 अप्रैल 2026
गवर्नरसय्यद अता हसनैन
इनसे पहिलेनीतीश कुमार
निजी जानकारी
जनम (1968-11-16) 16 नवंबर 1968 (उमिर 57)
मुँगेर जिला, बिहार
राजनीतिक पार्टीभाजपा
जीवनसाथीममता कुमारी
संतान2
महतारीपार्बती देवी
पिताशकुनी चौधरी
पढ़ाईमदुरै कामराज विश्वविद्यालय
अकुपेशनराजनीतिक नेता

सम्राट चौधरी (जनम: 16 नवंबर 1968) बिहार के राजनीतिक नेता आ 15 अप्रैल 2026 से बिहार के 24वाँ मुख्यमंत्री बाड़ें। ऊ 2025 से तारापुर बिधानसभा क्षेत्र से बिहार बिधानसभा के सदस्य (एमएलए) बाड़ें। एकरा से पहिले ऊ 2024 से 2026 तक ले नीतीश कुमार सरकार में बिहार के उपमुख्यमंत्री रहलन।

सम्राट चौधरी बिहार के मुख्यमंत्री बनेवाला भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के पहिला नेता बाड़ें। पहिले ऊ राष्ट्रीय जनता दल आ जनता दल (यूनाइटेड) से जुड़ल रहलन। ऊ 2014 से 2016 आ फेर 2020 से 2025 तक बिहार बिधानपरिषद के सदस्य (एमएलसी) रहलन। एकरा अलावा ऊ 2000 से 2004 आ फेर 2010 से 2014 तक परबत्ता विधानसभा क्षेत्र के प्रतिनिधित्व कइलन। मार्च 2023 से 25 जुलाई 2024 तक ऊ भाजपा बिहार राज्य इकाई के अध्यक्षो रहलन आ 2022 में बिहार विधान परिषद में नेता प्रतिपक्ष के रूप में चुनल गइल रहलन।