सजावटी पौधा

सजावटी पौधा (अंग्रेजी: ornamental plants; ऑर्नामेंटल प्लांट्स) या गार्डन प्लांट ओह पौधा सभ के कहल जाला, जिनहन के लोग ज़्यादातर सुंदरता खातिर लगावे-उगावे ला। कई बेर ई पौधा खुशबू आ रंग खातिर लगावल जालें जबकि कई बेर ई एहू बदे लगावल जालें कि इनहन से जगह (स्पेस) के खास इस्टाइल दिहल जा सके। अक्सरहा फूल वाला पौधा आ बगइचा में लगावे वाला पौधा सभ स्पेशल ब्रीड कइल कल्टीवर (cultivars), मने कि मूल प्रजाति से बिकसित कइल किसिम होखेलन, जवन असली प्रजाति से बढ़ियाँ रंग, आकार, खुशबू आ टिकाऊ फूल देले। बाकिर वैज्ञानिक बोटनी में “ऑर्नामेंटल प्लांट” अइसन कोई अलग कॅटेगरी नइखे। काहे कि कई बगइचा वाला पौधवो ओरिजिनले होखेला, ब्रीडिंग से बदलल ना होखे।
बगइचा में ऊँचाई, प्राइवेसी आ खूबसूरती देवे वाला बहुत बढ़िया ऑर्नामेंटल पौधा लगावल जालें। एमें कई बारहोमासी (perennial) पौधा होखेलन, जवन बीया से अपने-आप बढ़ सकेला। ऑर्नामेंटल घास (ornamental grasses) के खास बात ई बा कि ई बहुते काम मेहनत माँगे ले आ बहुत तरह में इस्तेमाल हो सकेला।
लगभग हर तरह के पौधा के ऑर्नामेंटल रूप मिल जाला — पेड़, झाड़ी, बेल, घास, सक्यूलेंट, पानी वाला पौधा, बारहोमासी, आ एनुअल पौधा। वैज्ञानिक तौर पर छोड़ दीं त कई गैर-बोटैनिकल कॅटेगरी भी चलन में बा: जईसे कि हाउसप्लांट, बेडिंग प्लांट, हेज, कट-फ्लावर वाला पौधा, आ फोलिएज प्लांट वगैरह।
ऑर्नामेंटल पौधा उगावे के काम फ्लोरीकल्चर (floriculture) आ ट्री नर्सरी में आवेला, जवन होर्टिकल्चर बिधा के हिस्सा हवे। बगइचा में ऑर्नामेंटल पौधा लगावल जाताला ताकि लोग खूबसूरती देख सके — फूल, पत्ती, खुशबू, पूरा फोलिएज के टेक्सचर, फल, डंठल, छाल आ पूरा पौधा के आकार के सुघराई के आधार प इनहन के बीछल जाला। कई बेर अजब-गजब चीजवो लोगन खातिर अजगुत आ आकर्षण के चीज बन जाले — जइसे रोसा सेरीसिया (Rosa sericea) भा कैक्टस पर लागल बड़ काँट, जे लोगन के खास पसन पड़े लें।
एहके अलावा, ऑर्नामेंटल पौधा जैव-विविधता आ अर्थव्यवस्था दुनो के सहारा देला। फूल पर मक्खी, तितली, आ दूसर पराग बटोरइया कीड़ा–पतंगा आवेला। ई सभ परागन के जरूरी काम करे ला, जे पूरा इकोसिस्टम खातिर बहुते महत्त्वपूर्ण बा। फ्लोरीकल्चर इंडस्ट्री (floriculture industry), जवन ऑर्नामेंटल पौधा उगाके बेचे ला, दुनियाभर में लाखों किसान आ मजूर के रोज़गार देला। एहसे बहुत लोगन के कमाई आ गुजारा चले ला।
| ई पौधा पर बनल लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |