संसाधन क्षय
Appearance
संसाधन क्षय भा रिसोर्स डिप्लीशन (अंग्रेजी: resource depletion) तब होखेला जब कवनो प्राकृतिक संसाधन, ओकरा दोबारा बन के तैयार होखे से बेसी तेजी में इस्तेमाल कइल जाय। संसाधन के कीमत एह बात पर निर्भर करे ला कि ऊ प्रकृति में कतना उपलब्ध बा आ निकाले में कतना खर्चा लागेला; सप्लाई–डिमांड के हिसाब से जेतना चीज दुर्लभ होखेला, उहे जादे कीमती बन जाला। रिसोर्स डिप्लीशन कई रूप में देखे के मिलेला—जइसे वेटलैंड आ इकोसिस्टम के बिगड़ल, मिट्टी कटान, भूजल (एक्विफर) घटल, आ मछरी के जरूरत से जादे पकड़ लीहल; जंगली जीव के संख्या तेजी से घटेला त ओहके डिफॉनैशन कहल जाला। आज खपत के जे गति बा, ओह हिसाब से भविष्य में मानव समाज पर का असर पड़ी आ कवन–कवन संसाधन कब पूरा खत्म हो सकेला—एह पर अभी तक रिसर्च आ बहस दुनु चल रहल बा।
| ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |