संगीतकार
संगीतकार भा म्यूजिशियन (अंग्रेजी: musician) ऊ व्यक्ति होला, जे म्यूजिक के रचना करे, ओकर संचालन करे भा ओकरा के प्रस्तुत करे ला। खास करके इंस्ट्रूमेंट वाला म्यूजिक के रचना आ प्रस्तुति करे वाला लोग एहमें शामिल होला। यूनाइटेड स्टेट्स एम्प्लॉयमेंट सर्विस के अनुसार, “म्यूजिशियन” एगो सामान्य शब्द ह, जेकर इस्तेमाल ओह व्यक्ति खातिर होला, जे म्यूजिक के अपना पेशा के रूप में अपनवले होखे।
म्यूजिशियन में गीतकार (सांग-राइटर) शामिल होलें, जे गाना के म्यूजिक आ बोल दुनो लिखेलें; कंडक्टर, जे म्यूजिकल प्रस्तुति के निर्देशन करे लें; आ परफॉर्मर, जे दर्शकन के सोझा प्रस्तुति देलें। म्यूजिक परफॉर्मर आमतौर पर या त सिंगर (गायक-गायिका भा वोकलिस्ट) होला, जे आवाज से गावेला, या इंस्ट्रूमेंटलिस्ट, जे कवनो म्यूजिकल इंस्ट्रूमेंट (साज भा बाजा) बजावे ला। म्यूजिशियन अकेले या कवनो समूह, बैंड या ऑर्केस्ट्रा के हिस्सा बनके प्रस्तुति दे सके लें।
म्यूजिशियन कवनो खास म्यूजिकल विधा में विशेषज्ञता हासिल कइले हो सके लें, हालाँकि बहुत लोग कई तरह के शैली में प्रस्तुति देलें आ अक्सर अलग-अलग विधा के मिलावे लें। उनका म्यूजिक पर संस्कृति, कौशल, जीवन के अनुभव, शिक्षा आ रचनात्मक पसंद समेत कई कारकन के असर पड़ेला। जे म्यूजिशियन म्यूजिक के रिकॉर्ड करके रिलीज करेला, ओकरा के अक्सर रिकॉर्डिंग आर्टिस्ट कहल जाला। जे म्यूजिशियन मुख्य रूप से आर्ट म्यूजिक, फिल्म, नाटक आ वीडियो गेम खातिर साउंडट्रैक आ म्यूजिक स्कोर या क्लासिकल म्यूजिक लिखे ला आ रिकॉर्ड करेला, ओकरा के आमतौर पर कंपोजर कहल जाला। म्यूजिक प्रोड्यूसर जरूरी नइखे कि खुद म्यूजिशियन होखे, हालाँकि ऊ खुद म्यूजिशियन भी हो सकेला। कंडक्टर इशारा के माध्यम से म्यूजिकल समूह, आमतौर पर ऑर्केस्ट्रा चाहे कोरस, के नेतृत्व करेला आ प्रस्तुति के दौरान निर्देशन देला।