श्रेणी:आबूगीडा लिखाई
![]() |
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Abugida writing systems पर मौजूद बा। |
अइसन लिखाई के सिस्टम जिनहन में मूल रूप से व्यंजन अक्षर आ स्वर के एक साथ मिला के एकही इकाई के रूप में लिखल जाला आ अलग अलग स्वर लागे पर व्यंजन के लिखल जाए वाला रूप कुछ अलग हो जाला। देवनागरी, कैथी इत्यादि सगरी ब्राह्मी से जनमल लिखाई सभ आबूगीडा के अंतर्गत आवेलीं। ई लिखाई के ब्यवस्था श्रेणी:शब्दांश लिखाई, जेह में हर चीन्हा एक ठो व्यंजन आ स्वर के, या खाली स्वर के प्रतीक होला (कबो कबो टोन के भी) आ श्रेणी:ऐब्जाद लिखाई (जहाँ चीन्हा से खाली व्यंजन लिखल जाला आ स्वर के छोड़ दिहल जाला या बैकल्पिक होला) से अलग प्रकार के हवे।
Peter T. Daniels द्वारा कइल १९९० के बर्गीकरण के आधार पर इहाँ श्रेणीकरण कइल गइल बाटे।