Jump to content

शुभेंदु अधिकारी

विकिपीडिया से
2024 में अधिकारी
पच्छिम बंगाल के 9वाँ मुख्यमंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
9 मई 2026
इनसे पहिलेममता बनर्जी
निजी जानकारी
जनम (1970-12-15) 15 दिसंबर 1970 (उमिर 55)
राजनीतिक पार्टीभारतीय जनता पार्टी (2020 से)
महतारी संस्थारबींद्र भारती विश्वविद्यालय.[1] (M.A)
अकुपेशन

शुभेंदु अधिकारी (जनम: 15 दिसंबर 1970) एगो भारतीय राजनीतिक नेता आ वर्तमान में पच्छिम बंगाल के मुख्यमंत्री बाड़ें। अधिकारी 9 मई 2026 से पच्छिम बंगाल के 9वाँ मुख्यमंत्री के रूप में काम क रहल बाड़ें।[2]भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) से पच्छिम बंगाल के पहिला मुख्यमंत्री बाड़ें।[3]

कांग्रेस पार्टी से अपना राजनीतिक कैरियर के सुरुआत करे वाला शुभेंदु अधिकारी लमहर समय ले आल इंडिया तृणमूल कांग्रेस में रहलें। 2020 में अधिकारी भाजपा में चल गइलें आ आगे चल के अधिकारी 2021 से 2026 तक पच्छिम बंगाल बिधानसभा में नेता प्रतिपक्षो के जिम्मेदारी निभवलें। एकरा से पहिले ऊ 2016 से 2020 तक, जब तृणमूल में रहलन, पच्छिम बंगाल सरकार के राज्य मंत्रालय में काम कइले रहलन। ऊ 2016, 2021 आ 2026 में नंदीग्राम से विधायक चुनल गइलन, आ 2026 में साथे-साथ भबानीओपुर से चुनाव जीतलन। एह से पहिले ऊ 2005 में कंथी दक्खिन से विधायक आ 2009 आ 2014 में तमलुक से सांसद चुनल गइल रहलन।

अधिकारी पहिले पच्छिम बंगाल सरकार में 2016 से 2020 तक परिवहन मंत्री रहलन। एह दौरान ऊ 2018 से 2020 तक सिंचाई आ वाटर रिसोर्स विभागो सम्हारत रहलन। ऊ 2009 से 2016 तक तमलुक से लोकसभा सदस्य रहलन आ 2020 से 2021 तक जूट कॉरपोरेशन ऑफ इंडिया के चेयरपर्सन रहलन। शुभेंदु अधिकारी 1998 से 2020 तक ऑल इंडिया तृणमूल कांग्रेस से जुड़ल रहलन, जबकि 1995 से 1998 तक इंडियन नेशनल कांग्रेस में रहलन। ऊ सिशिर अधिकारी के बेटा बाड़ें, जे सांसद रहलन आ मनमोहन सिंह के सरकार में ग्रामीण विकास मंत्रालय में केंद्रीय राज्य मंत्री के रूप में काम कइले रहलन।[4][5][6][7][8]

भाजपा 2026 के पच्छिम बंगाल चुनाव में भ्रष्टाचार के एगो प्रमुख मुद्दा बनवले रहल; हालाँकि, अधिकारी पर ख़ुद नारदा स्टिंग बीडियों में कथित तौर पर काम करावे के एहसान के बदले पइसा लेत देखावल गइल रहल आ उनुके नाँव शारदा चिटफंड घोटाला में भी आइल रहल।[2]

  1. "Suvendu Adhikar's Affidavit 2026" (PDF).[मुर्दा कड़ी]
  2. 1 2 "शुभेंदु अधिकारी: पश्चिम बंगाल के नए मुख्यमंत्री के आगे होंगी ये बड़ी चुनौतियाँ". BBC News हिंदी (Hindi में). 9 मई 2026. Retrieved 9 मई 2026.
  3. Suvendu Adhikari Takes Oath As West Bengal's First BJP Chief Minister Since Independence (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-05-09 via YouTube.
  4. Bhattacharya, Ravik (23 September 2012). "Had no work, say former TMC ministers in UPA govt". Hindustan Times. Retrieved 29 May 2022.
  5. "Suvendu Adhikari -Profile". Archived from the original on 29 अक्टूबर 2010. Retrieved 20 जून 2009.
  6. "Election Commission of India". results.eci.gov.in. Archived from the original on 3 May 2021. Retrieved 2 May 2021.
  7. "Nandigram Election Result 2021 LIVE: Nandigram MLA Election Result & Vote Share – Oneindia". OneIndia. Archived from the original on 27 June 2021. Retrieved 29 May 2022.
  8. "Nandigram Assembly Election Results 2021 LIVE – Nandigram Vidhan Sabha Election Results". Times Now. Archived from the original on 12 June 2021. Retrieved 29 May 2022.