Jump to content

शिवलिंग

विकिपीडिया से
योनी रुपी अथरा में शिवलिंग, त्रिपुंड के चीन्हा के साथे।

हिंदू धर्म के शैव परंपरा में शिवलिंग हिंदू देवता भगवान शिव के एगो चीन्हा-रूप (अमूर्त) आ निराकार (अनाइकोनिक) रूप ह।[1] एकरा के लिंग भा लिंगम् के नाँव से जानल जाला आ शिव के प्राथमिक रूप से पूजा एही रूप में कइल जाला। लिंगम् (लिङ्ग) के शाब्दिक अर्थ "निशान", "चीन्हा", "प्रतीक" भा "लक्षण" होला। लिंगम् शब्द के जिकिर उपनिषद आ महाकाव्य साहित्य में मिलेला, जहाँ एकर अर्थ चिह्न, संकेत, प्रतीक, विशेषता, प्रमाण, साक्ष्य भा लक्षण बतावल गइल बा। शिव के संदर्भ में ई शब्द भगवान शिव आ उनकर दिव्य शक्ति के निशानी आ प्रमाण के रूप में इस्तेमाल होला।

शैव परंपरा में शिवलिंग भगवान शिव के एगो छोट बेलनाकार (खंभा जइसन) चीन्हा हवे। ई पाथर, धातु, रत्न, लकड़ी, माटी भा कौनों दूसर कीमती पत्थर से बनावल जाला। शिवलिंग के आमतौर पर एगो गोलाकार अथरा (आधार) पर स्थापित कइल जाला, जेकरा के योनी कहल जाला। योनी, शिवलिंग के स्त्री-चीन्हा मानल जाले।[2] ई आधार समतल आ गोलाकार होखेला, जबकि शिवलिंग एकरा बीचा में सीधा खड़ा रहेला। एह आधार के बनावट अइसन होले कि पूजा के समय चढ़ावल गइल जल, दूध आ अन्य अर्पित पदार्थ आसानी से बह के एक ओर निकल जास।

शिवलिंग सृजन (उत्पत्ति) आ संहार (विनाश) — दुनो शक्ति के चीन्हा मानल जाला। हालाँकि एकर संबंध पुरुष जननांग के रूप से भी जोड़ल गइल बा, लेकिन हिंदू दर्शन में शिवलिंग के मुख्य रूप से निराकार परम सत्य के बाहरी जगत में चीन्हा मानल जाला। दार्शनिक दृष्टि से, शिवलिंग प्रकृति (मूल पदार्थ) आ पुरुष (शुद्ध चेतना) के मिलन के चीन्हा हवे। लिंग-योनि के रूप सृष्टि के मूल सिद्धांत के दर्शावेला, जहाँ स्त्री आ पुरुष शक्ति के एकता से सृजन, पालन आ पुनःसृजन के शाश्वत प्रक्रिया चलत रहेला। एह प्रकार शिवलिंग आ योनि के संयुक्त रूप सूक्ष्म जगत (माइक्रोकोसम) आ विशाल ब्रह्मांड (मैक्रोकोसम) के एकता, सृष्टि के अनंत चक्र, आ स्त्री-पुरुष शक्ति के मिलन के चीन्हा मानल जाला।

  1. "lingam". Encyclopædia Britannica. 2010. Archived from the original on 4 May 2015. Retrieved 23 June 2022.
  2. Beltz, Johannes (2011-03-01). "The Dancing Shiva: South Indian Processional Bronze, Museum Artwork, and Universal Icon". Journal of Religion in Europe. 4 (1). Brill Academic Publishers: 204–222. doi:10.1163/187489210x553566. S2CID 143631560.