शिप्रा नदी
| शिप्रा क्षिप्रा | |
|---|---|
उज्जैन में शिप्रा नदी के तीरे राम गंगा घाट | |
| लोकेशन | |
| देस | भारत |
| राज्य | मध्य प्रदेश |
| भौतिक लच्छन सभ | |
| Source | काकरी-टेकड़ी |
| - location | इंदौर जिला, मध्य प्रदेश, भारत |
| मुहाना | चंबल नदी |
| लंबाई | 195 km |
शिप्रा भा क्षिप्रा[नोट 1] बिचला भारत के मध्य प्रदेश राज्य के एगो नदी हवे। ई नदी इंदौर जिला के पुरबी इलाका से निकल के मालवा पठार के उत्तर दिशा में बहेले आ चंबल नदी में जा के मिल जाले। शिप्रा नदी हिंदू धर्म के पवित्र नदियन में से एगो मानल जाले आ पवित्र नगर उज्जैन एकरही पुरबी तीरे पर बसल बा। हर 12 बरिस पर उज्जैन सिंहस्थ भा उज्जैन कुंभ मेला के आयोजन एही नदी के घाटन पर होला, जबकि नदी देवी क्षिप्रा के सम्मान में सालानो उत्सव मनावल जाला। उज्जैन में शिप्रा के तीरे पर 12 ज्योतिर्लिंग सभ में से एक महाकालेश्वर मंदिर बा[2] आ अउरियो सैकड़न हिंदू मंदिर आ तीर्थस्थल अह नदी के तीरे स्थित बाड़ें, एहसे “शिप्रा” शब्द के पवित्रता, शुचिता आ निर्मलता के चीन्हा के रूप में भी इस्तेमाल कइल जाला।
पुराणन के हिसाब से, शिप्रा नदी के उत्पत्ती भगवान वराह (भगवान विष्णु के वराह अवतार) के हृदय से भइल मानल जाला। शिप्रा के तट पर सांदीपनि आश्रम भी स्थित बा, जहाँ हिंदू मान्यता के अनुसार भगवान कृष्ण शिक्षा ग्रहण कइले रहलें।[2]
हाइड्रोलॉजी
[संपादन करीं]
शिप्रा एगो बारहमासी नदी हवे। पहिले एह नदी में भरपूर पानी रहत रहे, लेकिन अब बरसात के मौसम बीतला के कुछ महीना बाद नदी के बहाव रुक जाए लागेला।
शिप्रा नदी कुल 200 किमी से बेसी के लंबाई वाली नदी हवे।[3] ई मध्य प्रदेश के इंदौर जिला में काकरी-टेकड़ी नाँव के जगह से निकले ले आ एकर कुल थाला के रकबा 5500 किमी2 से बेसी बाटे।[3][4]
साल 2012 में नर्मदा–शिप्रा सिंहस्थ लिंक परियोजना (मुंडला दोसदार) शुरू कइल गइल आ 2015 में पूरा भइल।[5] एह परियोजना के तहत नर्मदा नदी से बिजली के मदद से पानी उठावल जाला आ पाइपलाइन द्वारा क्षिप्रा नदी के उद्गम क्षेत्र तक पहुँचावल जाला। ई परियोजना लगभग 8000 करोड़ रुपया के नर्मदा–मालवा लिंक परियोजना के पहिला चरण हवे। एह योजना के अंतर्गत नर्मदा नदी के शिप्रा, गंभीर, कालीसिंध आ पार्वती नदी से जोड़ल जाए के प्रावधान बा।
नोट
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]| विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Shipra River पर मौजूद बा। |
- ↑ संसारचंद्र. मेघदूतम्. मोतीलाल बनारसीदास. p. 62. Retrieved 2 जून 2026.
- 1 2 "Places of Interest | District Ujjain, Government of Madhya Pradesh | India". ujjain.nic.in/ (अंग्रेजी में). मध्य प्रदेश सरकार. Retrieved 2 जून 2026.
- 1 2 Bhatt, S. C. (16 जुलाई 2024). "Morphometric Analysis and Sub-watershed Prioritization of Shipra River, Central India, for Evaluation of Groundwater". In Ghute, Bhagwan B.; Diwate, Pranaya (eds.). Geospatial Technologies for Integrated Water Resources Management: Mapping, Modelling, and Decision-Making (अंग्रेजी में). Springer Nature. ISBN 978-3-031-57777-2.
- ↑ Abdalla, Osman; Kacimov, Anvar; Chen, Mingjie; Al-Maktoumi, Ali; Al-Hosni, Talal; Clark, Ian (9 मई 2017). Water Resources in Arid Areas: The Way Forward (अंग्रेजी में). Springer. ISBN 978-3-319-51856-5.
- ↑ "Hindi News, हिंदी समाचार, India News in Hindi, हिन्दी में समाचार, Desh - Dainik Bhaskar". Archived from the original on 1 December 2016.