Jump to content

शाब्दिक अनुबाद

विकिपीडिया से

शाब्दिक अनुबाद चाहे शब्दानुवाद (अंग्रेजी: literal translation; लिटरल ट्रांसलेशन), जेकरा के डाइरेक्ट भा सीधा अनुबाद, शब्द-दर-शब्द अनुबाद भा शब्द-से-शब्द अनुबाद भी कहल जाला, अइसन अनुबाद होला जवना में कवनो पाठ (टेक्स्ट) के हर शब्द के अलग-अलग अनुबाद कइल जाला, बिना एह बात के धियान दिहले कि वाक्य भा वाक्यांश में ऊ शब्द एक-दूसरा के साथ मिल के कइसे इस्तेमाल भइल बाड़ें।[1][2]

अनुबाद सिद्धांत में शाब्दिक अनुबाद खातिर मेटाफ्रेज (metaphrase) शब्द के इस्तेमाल भी कइल जाला, जे पैराफ्रेज (paraphrase) के विपरीत मानल जाला। एकरा के व्याख्या (इंटरप्रिटेशन) से अलग समझल जाला, जवन उदाहरण खातिर कवनो दुभाषिया द्वारा कइल जा सकेला।[3] संस्कृत काब्य्शास्त्र में गिनावल शब्द के तीन गो शक्ति[4] — अभिधा, लक्षणा आ व्यंजना में से — ई खाली अभिधा (आ कबो-काल्ह लक्षणा) शक्ति आधारित अनुबाद होला; व्यंजना एकदम से गायब हो सके ले।

शाब्दिक अनुबाद कई बेर मुहावरा सभ के गलत अनुबाद के कारण बन जाला। एहसे अर्थ के गड़बड़ी पैदा हो सके ला, आ खास तौर पर ई मशीन अनुबाद (मशीन ट्रांसलेशन) खातिर एगो गंभीर समस्या मानल जाला।[5]

  1. ↑ "LITERAL | meaning in the Cambridge English Dictionary". dictionary.cambridge.org (अंग्रेजी में). Archived from the original on 11 November 2020. Retrieved 2019-09-21.
  2. ↑ Lu, Wei; Fang, Hong (April 2012). Reconsidering Peter Newmark's Theory on Literal Translation (PDF) (Thesis). Finland: Academy Publications. ISSN 1799-2591. Retrieved 18 July 2025.
  3. ↑ "Multilingual LLM Translation: Evaluating Cultural Nuance in Generative AI". Appen. 18 June 2025. Retrieved 18 July 2025.
  4. ↑ सेनगुप्ता, चंदन. हिंदी व्याकरण अभ्यास पुस्तिका भाग चार (Hindi में). चन्दन सुकुमार सेनगुप्ता. pp. 312–313.
  5. ↑ Hutchins, John (June 1995). ""The whisky was invisible", or Persistent myths of MT" (PDF). MT News International (11): 17–18. Archived from the original on 3 January 2021. Retrieved 16 February 2022.